Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Nokia 5710 XpressAudio Review: का रउआ किने के चाहीं इनबिल्ट हेडफोन वाला ई फोन?

Nokia 5710 XpressAudio में 2.4 इंच के QVGA डिस्प्ले बा। एमे Unisoc T107 प्रोसेसर के संगे Nokia's S30+ OS बा। फोन में इनबिल्ट ईयरबड्स मिलत बा त रउआ अलग से बड्स किने के ना होई। 

1,780

Nokia 5710 XpressAudio एगो अइसन फोन ह जवन पहिला नजर में रउआ के दीवाना बना सकत बा। Nokia 5710 XpressAudio ओइसे त एगो 4जी फीचर फोन ह बाकिर एकर परफॉरमेंस कवनो स्मार्टफोन से कम नइखें। Nokia 5710 XpressAudio के संगे 2.4 इंच के QVGA डिस्प्ले दिहल गइल बा। Nokia 5710 XpressAudio में इनबिल्ट ईयरबड्स दिहल गइल बा जवन कि फोने में रहेला आ ओहि में चार्जो हो जाला।

Nokia 5710 XA के ब्लैक रेड आ व्हाइट रेड कलर में किनल जा सकत बा। ई फोन मेड इन इंडिया ह। Nokia 5710 XpressAudio के कीमत 4,999 रुपिया बा आ एकर बिक्री ऑफलाइन के अलावा ऑनलाइन स्टोरन से हो रहल बा। Nokia 5710 XpressAudio एगो फीचर फोन ह। नोकिया के एह अनोखा फोन के कुछ दिनन तक इस्तेमाल कइला के बाद, आई जानल जाव एकर रिव्यू….

Nokia 5710 XpressAudio में 2.4 इंच के QVGA डिस्प्ले बा। एमे Unisoc T107 प्रोसेसर के संगे Nokia’s S30+ OS बा। फोन में इनबिल्ट ईयरबड्स मिलत बा त आपको अलग से बड्स ना किने के होई। Nokia 5710 XpressAudio में 48MB रैम आ 128MB के इनबिल्ट स्टोरेज दिहल गइल बा जवना के मेमोरी कार्ड क मदद से 32GB तक बढ़ावल जा सकी। कैमरा के बात करी त Nokia 5710 XpressAudio में 0.3 मेगापिक्सल के रियर कैमरा बा।

फोन में दु गो स्पीकर बा। कनेक्टिविटी खातिर एमे ब्लूटूथ v5 आ चार्जिंग खातिर माइक्रो यूएसबी पोर्ट बा। Nokia 5710 XpressAudio में 1450mAh के बैटरी बा जवना के लेके 20 दिनन के बैकअप के दावा बा। फोन में डुअल 4G सिम कार्ड के सपोर्ट बा। फोन के कुल वजन 129.1 ग्राम बा। कनेक्टिविटी खातिर फोन में ब्लूटूथ 5.0 आ माइक्रो USB 2.0 मिलत बा। एमे मसांप वाला गेमो मिलत बा आ इनबिल्ट एफएम रेडियो बा।

Nokia 5710 XpressAudio बहुते यूनिक फोन बा। बैक पैनल प स्लाइडर बा जवना के स्लाइड कइला प दु गो एयरपॉड्स मिलत बा जवन कि बिना सिलिकॉन ईयरटिप के आवेला। स्लाइडरे में बड्स के चार्ज करे खातिर चार्जिंग पिन बा। ईयरपॉड स्लाइडर सभे के आकर्षित करत बा।

साइड में वॉल्यूम खातिर बटन दिहल गइल बा। बैटरी फोन के संगे बॉक्स में मिलत बा जवना के रउआ रिमूवो कर सकत बानी। एमे हेडफोन जैक नइखे दिहल गइल जवन कि निराश करे वाला बा, काहेकि ई म्यूजिक आधारित फोन ह। बिल्ड क्वॉलिटी बेस्ट आ प्रीमियम बा। बैक पैनल प पैटर्न डिजाइन बा। बैक पैनल के हटाके रउआ बैटरी, सिम कार्ड आ मेमोरी कार्ड के लगा सकत बानी।

Nokia 5710 XpressAudio के डिजाइन अइसन बा कि एह तरे के फोन के हम हमेशा अपना साथे रखल चाहेम। ई एगो टू इन वन फोन ह जेमे रउआ फोन के संगे-संगे एयरपॉड मिलत बा आ ओकरा खातिर केस भी।

फोन के संगे मिले वाला एयरपॉड बहुते खास बा आ एकरा के रउआ कवनो दूसरा फोन के संगहु इस्तेमाल क सकत बानी।  एयरपॉड बहुते हलुक आ निम्मन बा। Nokia 5710 XpressAudio के एयरपॉड के आवाज बेस्ट त नइखे बाकिर कीमत आ म्यूजिक सुनला के लिहाज से बढ़िया बा।

ई फोन से ऑटोमैटिक कनेक्ट हो जाला। एकरा साथे बात करे के अनुभवो बढ़िया रहल। Nokia TWS के बैटरी लास्ट करीब 4 घंटा के बा जवना के कम ना कहल जाई। फोन के साथे equaliser मिलत त बा बाकिर एकर इस्तेमाल नइखे क सकत। इक्विलाइजर इस्तेमाल के दौरान “Bluetooth doesn’t support EQ” के मैसेज मिलत बा।

परफॉरमेंस के ममिला में Nokia 5710 XA बेस्ट बा। जदि रउआ कवनो अइसन 4जी फीचर फोन चाहीं जवना में रउआ तनिका सा इंटरनेट ब्राउजिंग क सकी। आइकॉनिक गेम जइसन स्नेक खेल सकीं त Nokia 5710 XpressAudio रउआ के निराश ना करी। अंग्रेजी सीखे खातिर एमे English with Oxford एप दिहल गइल बा।

फोन में Symbian OS दिहल गइल बा आ सबसे खास बात इनबिल्ट एयरपॉड के खोजे खातिर एमे लॉस्ट डिवाइस फीचरो बा Nokia 5710 XA एगो विंटेज फोन के तरे बा। रउआ एमे मेमोरी कार्ड के इस्तेमाल क सकत बानी।

एमे वायरलेस FM रेडियो मिलत बा जवन कि बड़ बात बा। आमतौर प फोन में वायरलेस एफएम रेडियो ना मिलेला। एमे रउआ व्हाट्सएप एप भा कवनो एप स्टोर ना मिली। अइसन में Nokia 5710 XpressAudio के तौर प रउआ एगो क्लिन आ सानदार फोन मिलत बा।

Nokia 5710 XpressAudio के संगे रउआ सानदार बैटरी लाइफ मिलत बा। एमे 1450 mAh के बैटरी बा जवना के साथे 2.75W के चार्जिंग मिलत बा। एक बेर के चार्जिंग में रउआ 7-8 दिन के बैकअप आराम से मिल जाई। फोन के स्पीकर के आवाज बेस्ट बा लाउडो बा। कॉलिंग के लेके कवनो समस्या नइखे।

अब सवाल बा कि का रउआ Nokia 5710 XpressAudio किने के चाहीं। जदि रउआ ट्रेंड के लिहाज से एगो सानदार आ स्टाइलिश 4जी फीचर फोन के तलाश में बानी त Nokia 5710 XA रउआ खातिर बा। जदि रउआ स्मार्टफोन इस्तेमाल करत बानी आ कवनो सेकेंडरी फोन के तलाश में बानी त Nokia 5710 XA रउआ के निराश ना करी।

साभार: अमर उजाला

383680cookie-checkNokia 5710 XpressAudio Review: का रउआ किने के चाहीं इनबिल्ट हेडफोन वाला ई फोन?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.