[the_ad_group id="30365"]

शीतकालीन छुट्टी में सुप्रीम कोर्ट के कोई बेंच नाइ रही मौजूद, CJI चंद्रचूड़ के बड़ फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एह बेर सुप्रीम कोर्ट में शीतकालीन अवकाश के दौरान कौनो पीठ तात्कालिक मामिला सुनवाई खातिर मौजूद नाइ रही। सीजेआई डीवाई चंद्रचूड़ सुक्क के ई बड़ एलान कइलें। शीर्ष अदालत में 17 दिसंबर से 1 जनवरी ले छुट्टी रही।

सीजेआई चंद्रचूड़ के ई घोषणा अहम मानल जा रहल बा काहेंसेकि केंद्रीय कानून मंत्री किरण रिजिजू बियफे के राज्यसभा में कहले रहनें कि लोग ई मानेला कि अदालत के लमहर छुट्टी न्याय चाहे वालन के हित में नइखे।

सीजेआई चंद्रचूड़ आजु सुनवाई शुरू होखले के पहिले अपने कोर्ट रूम में मौजूद वकीलन के सूचित कइलें 17 दिसम्बर से 1 जनवरी ले कौनो बेंच उपलब्ध नाइ होई। दू हप्ता के शीतकालीन अवकाश से पहिले आजु यानी सुक्क के शीर्ष अदालत के अंतिम कार्य दिवस हवे। सुप्रीम कोर्ट 2 जनवरी के फिर से खुली।

कॉलेजियम के फाइल के विवाद के बीच नयका मामला

देश के अदालतन में छुट्टी के मुद्दा पहिलहूँ उठल रहे। कॉलेजियम के नियुक्ति के फाइल केंद्र के लग्गे लंबित होखले के ले के केंद्र अउर सुप्रीम कोर्ट में ताजा तकरार के बीच ई मामला नयका सिरे से उठ रहल बा। एहसे पहिले छुट्टी के दिन में सुप्रीम कोर्ट से ले के जिला कोर्ट ले आपात मामिला में सुनवाई खातिर एक दू अवकाशकालीन पीठ मौजूद रहsला।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]