[the_ad_group id="30365"]

No-Confidence Motion: लोकसभा में विपक्ष के अविश्वास प्रस्ताव गिरल, 2028 में अच्छा तइयारी खातिर PM के ‘न्योता’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

No-Confidence Motion Defeated: लोकसभा में सरकार के खिलाफ पेश अविश्वास प्रस्ताव बियफे के गिर गइल। विपक्ष द्वारा ले आवल गइल अविश्वास प्रस्ताव पs ध्वनिमत से मतदान भइल, जवना के खारिज कs दिहल गइल। लोकसभा में पीएम मोदी के संबोधन के बाद अविश्वास प्रस्ताव पs मतदान कारावल गइल रहे।

पीएम सदन में अविश्वास प्रस्ताव पs देलें जवाब

एकरा पहिले पीएम मोदी अविश्वास प्रस्ताव पs सदन में जवाब देलें। पीएम मोदी अपना संबोधन के सुरुआत कांग्रेस सहित आउर विपक्षी दलन पs हमला के संगे कइलें। ऊ कांग्रेस पs तंज कसत कहलें कि विपक्ष के अविश्वास प्रस्ताव हमरा खातिर सुभ होला आ भाजपा 2024 में सारा रिकॉर्ड तुड़लें। ऊ विपक्ष से कहलें कि रउआ लोग 2028 में फेर से तइयारी कs के आएम लो आ अविश्वास प्रस्ताव ले आयेम लो।

कब ले आवल गइल रहे अविश्वास प्रस्ताव?

बता दीं कि विपक्षी दल कांग्रेस 26 जुलाई के सरकार के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव पेश कइले रहे, जवना के लोकसभा स्पीकर ओम बिरला स्वीकार कइले रहस। एकरा बाद एह पs चरचा खातिर आठ, नव आ 10 अगस्त के दिन चरचा खातिर तय कइल गइल। एह पs पीएम मोदी 10 अगस्त माने कि बियफे के जवाब देलें।

विपक्षी सांसदन के वॉकआउट

अविश्वास प्रस्ताव पs चरचा के दौरान विपक्षी सांसद सदन से वॉकआउट कs लेले रहे लो। ओह लोगन के कहनाम रहे कि हमनी के पीएम से जवना मुद्दा पs बोले के उम्मीद रहे, ऊ अइसन ना बोललें। अविश्वास प्रस्ताव पs चरचा के बाद लोकसभा के कार्यवाही सुक तक खातिर स्थगित कs दिहल गइल।

गौरव गोगोई सरकार पs सधलें निशाना

कांग्रेस सांसद गौरव गोगोई कहलें कि यह अविश्वास प्रस्ताव I.N.D.I.A के सदस्य के रूप में हमरा द्वारा लोकसभा में प्रस्तुत कइल गइल रहे। ऊ कहलें कि प्रधानमंत्री मोदी अपना जिम्मेदारी से भाग रहल बा। पीएम मोदी मणिपुर के दौरा ना करे पs एतना अड़ल काहे बाडें। ऊ कहा कि दु घंटा से चरचा चल रहल बा, बाकिर मणिपुर के न्याय मिलता नइखे दिख रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]