[the_ad_group id="30365"]

नीतीश-तेजस्वी सरकार के शुरू भइल फ्लोर टेस्ट:भाजपा कइलस तंज- अइसन केहू सगा नाइ बा, जेके नीतीश ठगले नाइ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में राजनीतिक उठापटक के बाद विधानसभा में नीतीश-तेजस्वी सरकार के फ्लोर टेस्ट हो रहल बा। सदन के अध्यक्षता डिप्टी स्पीकर महेश्वर हजारी कs रहल बानें। भाजपा फ्लोर टेस्ट पs भाषण के दौरान मुख्यमंत्री पs तंज कसत कहलें कि अइसन केहू सगा नाइ बा, जेके नीतीश ठगले नाइ

फ्लोर टेस्ट पर भाषण शुरू, भाजपा के पहिले मौका

सदन में फ्लोर टेस्ट पर वोटिंग से पहिले भाजपा विधायक दल के नेता तारकिशोर प्रसाद के बोले के मौका मिलल। प्रसाद कहलें- अकेले लड़ने त जनता 2 पर ला के छोड़लस। बाजू में ताकत नाइ रहल, त मुख्यमंत्री के इस्तीफा देवे के पड़ल। बिहार जंगल राज के ओर बढ़ रहल बा।

उ आगे कहलें – मुख्यमंत्री जनादेश के अपमान कइलें बानें। व्यक्तिगत महत्वाकांक्षा रखे वाले नीतीश कुमार आज ले बिहार में अपने बल पर सरकार नाइ बना पवले बानें। अइसन दल जौन बिहार में खुद के ताकत पर सरकार नाइ बना पवलें, ऊ देश के प्रधानमंत्री बने के सपना देख रहल बानें।

तेजस्वी बोलले- सबकर जवाब सदन में देब

बिहार में राजद नेता लोग के घर पर पड़ रहल छापा के ले के तेजस्वी यादव बयान देहलें बानें। उ कहलें- अभीन विश्वास मत हासिल करे देहल जाव। हम एकहएक चीज के जवाब सदन में देब। भाजपा अउरी जांच एजेंसी के बारे में पूरा देश जान रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]