[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र विधानसभा के बाहर भिड़लें शिंदे-उद्धव गुट के विधायक : मानसून सत्र के दौरान भइल हंगामा, विपक्ष के नेता लोग लगावल ’50 खोके एकदम ओके’ के नारा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र विधानसभा में मानसून सत्र के आजु पांचवां दिन ह। सत्र के शुरुआत सत्तापक्ष अउर विपक्ष के बीच हंगामा शुरू हो गइल। उद्धव गुट अउर शिंदे गुट के विधायक आपस में भिड़ गइलें। दूनों गुट के लोग एक-दूसरे के संगे धक्का-मुक्की भी कइल। विधानसभा के सीढ़ी पs विपक्ष सत्तारूढ़ पार्टी के खिलाफ नारा लगावल।

’50 खोके… एकदम ओके’ के लागल नारा

उद्धव गुट के विधायक शिंदे गुट खातिर ’50 खोके… एकदम ओके’ के नारा लगावल। एह नारा के आड़ में शिंदे गुट पर 50 करोड़ लेकर बिक गइले के आरोप लगावल गइल। महंगाई अउरी किसानन के मुद्दा उठवलें अउरी सरकार से जवाब मांगे खातिर NCP विधायक गाजर ले के पहुंचलें। गाजर के ले के दूनों गुटन के बीच छीनाझपटी शुरू हो गइल। दूनों दल के वरिष्ठ नेता लोग आगे आ के विधायकन के शांत करावल। एकरे बदिए सदन के कारवाही शुरू हो पावल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]