[the_ad_group id="30365"]

जहरीला शराब से मौत पर बोललें नीतीश: ‘जे पी, ऊ मरी’, राजद विधायक कहनें- ई सत्ता संरक्षित नरसंहार हवे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जहरीला शराब से मौत के ले के सरकार अउर विपक्ष के बीच बुध के विधानसभा में शीत सत्र के दौरान जम के कहासुनी भइल रहे, लेकिन अतवार के ई अउर रोचक हो गइल। मुख्यमंत्री सीधे कह दिहलें कि “जे पी, ऊ मरी।” उहवें, सत्तारूढ़ राष्ट्रीय जनता दल के विधायक अउर पूर्व मंत्री सुधाकर सिंह एह मौत के सत्ता संरक्षित नरसंहार करार दिहलें। बियफे के राजद के भाई वीरेंद्र जहवाँ जहरीली शराब से मौत खातिर भाजपा पs जिम्मेदारी डालत रहलें, उहवें राजद के प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह के बेटा अउर बगावती तेवर के चलते मंत्रीपद गंवावे वाले सुधाकर सिंह सरकार पs बड़ चोट कइलें।

विपक्षी बतावें अपने शासन वाले राज्यन के हाल: नीतीश

एहसे पहिले, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार जहरीला शराब से मौत पs प्रतिक्रिया देत बियफे के कहनें कि “जे पी, ऊ मरी। बिहार में शराब पियले पर रोक बा। लोग के समझवले के जरूरत बा।” ऊ कहनें कि जे गड़बड़ कs रहल बा, ओके पकड़s जा। उनके निम्मन काम करे खातिर प्रेरित करीं। हम त बापू अउर बिहार के महिला लोग के इच्छा से शराबबंदी लागू कइले बानें। नीतीश कुमार कहनें कि विपक्ष में बइठल जे बिहार में एह मौत पर पूछ रहल बा, उनसे पूछीं कि जहाँ-जहाँ राउर शासन बा, उहां केतना लोग जहरीला शराब से मर रहल बानें। आजु अलग हट गइल बाने लोग त बोलतने लोग। बिहार में सबके सहमति से शराबबंदी लागू भइल। रउओ शराब के खिलाफ अभियान चलावें।

सत्ता के सब पता बा, संरक्षित नरसंहार बा ई: सुधाकर

एन्ने सदन में विधानसभा अध्यक्ष अवध बिहारी चौधरी पs सरकार के पक्ष में सदन चलवले अउर विपक्षी प्रतिनिधियन के बात दरकिनार करे के आरोप लगवले रहनें अउर उधर सत्तापक्ष के ही विधायक सुधाकर सिंह सरकार के बोलती बंद कs दिहलें। ऊ कहनें कि सत्ता में बइठल लोग के सब पता बा अउर सत्ता के संरक्षण में ही सारण में नरसंहार भइल बा। ताली पीटत भाजपा विधायक लोग राजद के विधायक भाई वीरेंद्र आरोप मढ़लें कि सारण के जहरीला शराब कांड में भाजपा के हाथ बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]