पटना। बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अब राज्यसभा जाये वाला बाड़ें। एकरा चलते उनका सुरक्षा बेवस्था में बदलाव कइल गइल बा। अब सीएम नीतीश कुमार के Z+ (जेड प्लस) श्रेणी के सुरक्षा दिहल जाई। एह बारे में गृह विभाग पुलिस महानिदेशक (DGP) के आदेस जारी कs देले बा।
जारी निरदेस में साफ कहल गइल बा कि उनकर सुरक्षा Bihar Special Security Act 2000 के तहत दिहल जाई, जवन मुख्यमंत्री पद छोड़ला के बादो जारी रही।
गृह विभाग के पत्र में इहो बतावल गइल बा कि नीतीश कुमार राज्यसभा खातिर निर्वाचित हो चुकल बाड़ें आ जल्दिये मुख्यमंत्री पद से इस्तीफा देके उच्च सदन के सदस्यता ग्रहण करिहें। एह इस्थिति के देखत उनकर सुरक्षा के दोबारा समीक्षा कइल गइल, जवना के बाद उनकरा के Z+ सुरक्षा देवे के फैसला लिहल गइल।
अभी तक नीतीश कुमार के बिहार स्पेशल सिक्योरिटी एक्ट-2000 के तहत सुरक्षा मिलत रहे, बाकिर अब जब ऊ मुख्यमंत्री पद छोड़के राष्ट्रीय स्तर पs सक्रिय होखे जा रहल बाड़न, तs यात्रा आ सुरक्षा के खतरा के देखते Z+ श्रेणी के सुरक्षा जरूरी मानल गइल बा।
एह नया फैसला से साफ बा कि नीतीश कुमार के सुरक्षा अब राज्य स्तर से बढ़के राष्ट्रीय स्तर पs मजबूत कइल जा रहल बा।
Read Also: 02 अप्रिल 2026 के राशिफल








