Indonesia Earthquake : इंडोनेशिया में भूकंप के बाद सुनामी, कइयन गो इमारत टूटल, एक के मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 2, 2026

नई दिल्ली। इंडोनेशिया के उत्तरी मोलुक्का प्रांत में बियफे के दिन जोरदार भूकंप के झटका महसूस भइल। संयुक्त राज्य भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण (यूएसजीसी) के मोताबिक, रिक्टर पैमाना पs भूकंप के तीव्रता 7.8 दर्ज कइल गइल। भूकंप

Share

नेपाल में भूकंप

नई दिल्ली। इंडोनेशिया के उत्तरी मोलुक्का प्रांत में बियफे के दिन जोरदार भूकंप के झटका महसूस भइल। संयुक्त राज्य भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण (यूएसजीसी) के मोताबिक, रिक्टर पैमाना पs भूकंप के तीव्रता 7.8 दर्ज कइल गइल।

भूकंप के पूरा जानकारी

  • केंद्र: भूकंप के केंद्र टेरनाटे इलाका के लगे उत्तरी मोलुक्का सागर में रहे।
  • गहराई: जमीन से करीब 10 किलोमीटर नीचे, जवना कारण से झटका बहुत तेज महसूस भइल।
  • प्रभाव: समुंदर के किनारा वाला इलाकन में लोगन के बीच अफरा-तफरी मच गइल। प्रशासन सुरक्षा खातिर सुनामी के चेतावनी जारी कइले बा आ लोगन से ऊंच जगह पs जाये के सलाह दिहल गइल बा।

एह भूकंप में कइयन गो इमारतन के नुकसान हो गइल बा आ एगो आदमी के मौत के खबर बा। इंडोनेशिया ‘रिंग ऑफ फायर’ इलाका में पड़ेला, एकरा से ई देस भूकंप खातिर बहुत संवेदनशील मानल जाला।

फिलीपींस आ मलेशिया में अलर्ट जारी

संयुक्त राज्य अमेरिका के भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण (यूनाइटेड स्टेट्स जियोलॉजिकल सर्वे) के अनुसार, इंडोनेशिया के मसाला द्वीप टेरनेट के उत्तरी मोलुक्का सागर में 7.4 तीव्रता के भूकंप दरज कइल गइल, जवना से आसपास के दक्षिण-पूर्व एशियाई देसन खातिर सुनामी के खतरा बढ़ गइल।

हालांकि, अभी तक कवनो बड़ घायलन के खबर नइखे मिलल, बाकिर एजेंसी पांच तीव्रता तक के आफ्टरशॉक (भूकंप के बाद छोट झटका) के संभावना बतवले बा। इंडोनेशिया सरकार उत्तरी मलुकु आ उत्तरी सुलावेसी के कुछ इलाका खातिर सुनामी अलर्ट जारी कइले बा।

Read Also: Nitish Kumar Security : मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के सुरक्षा में बदलाव, राज्यसभा जाये से पहिले मिलल Z+ सिक्योरिटी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.