02 अप्रिल 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 2, 2026

दिनांक- 02/04/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग चैत्र शुक्ल पक्ष तिथि- पूर्णिमा सबेरे के 07 बजके 41 मिनट ले, ओकरा बाद  प्रतिपदा। दिन- बियफे। हस्त नक्षत्र दिन के 05 बजके 38 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 02/04/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- पूर्णिमा

सबेरे के 07 बजके 41 मिनट ले,

ओकरा बाद  प्रतिपदा।

दिन- बियफे।

हस्त नक्षत्र

दिन के 05 बजके 38 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तर चित्रा नक्षत्र।

ध्रुव जोग

दिन के 02 बजके 19 मिनट ले,

ओकरा बाद व्याघात जोग।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 03/04/2026

बैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

दिन के 08 बजके 42 मिनट ले।

दिन- बियफे।

चित्रा नक्षत्र

सांझ के 07 बजके 24 मिनट ले।

व्याघात जोग

दिन के 02 बजके 08 मिनट ले।

कौलव करण।

 आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन ऊर्जा भरपूर रही। कामकाज में सफलता मिली। नया काम सुरू करे के बढ़िया मवका बा। परिवार के संगे समय बिताईं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज तनिका सावधानी बरते के जरूरत बा। खरचा बढ़ सकेला। स्वास्थ्य पs ध्यान दीं। धैर्य रखीं, सब ठीक हो जाई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन खुसखबरी मिल सकेला। नौकरी-बेवसाय में फायदा होई। संघतिया लोगन से मुलाकात हो सकेला।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज मेहनत के फल मिली। परिवार के सहजोग मिली। भावनात्मक रूप से मजबूत रही।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। समाज में मान-सम्मान मिली। नया अवसर मिल सकेला।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज सोच-समझ के फैसला लीं। काम में तनिका दबाव रही, बाकिर सफलता जरूर मिली।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज दिन संतुलित रही। संबंध मजबूत होई। आर्थिक इस्थिति ठीक रही।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज कुछ चुनौती आ सकेला। बाकिर हिम्मत से काम लीं। सांझा तक इस्थिति सुधर जाई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज जतरा के जोग बा। नया अनुभव मिली। काम में प्रगति होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज मेहनत रंग ले आई। ऑफिस में तारीफ मिली। परिवार में खुसी के माहौल रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रचनात्मक काम में मन लागी। नया योजना बना सकत बानी। संघतिया लोगन के सहजोग मिली।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन शांत रही। आध्यात्मिकता में रुचि बढ़ी। घर-परिवार में सुख-शांति बनल रही।

Read Also : JEE Mains Scam : रामगढ़ में 500 परीक्षार्थियन के सेटिंग के दावा, पुलिस खंगाल रहल बिया अभिभावकन के लिस्ट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.