JEE Mains Scam : रामगढ़ में 500 परीक्षार्थियन के सेटिंग के दावा, पुलिस खंगाल रहल बिया अभिभावकन के लिस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 1, 2026

रामगढ़। राष्ट्रीय स्तर के जेईई मेन परीक्षा में गड़बड़ी के ममिला सामने आवत रामगढ़ जिला में उच्चस्तरीय जांच सुरू हो गइल बा। अनुमंडल पदाधिकारी पूरा घटना के जांच रिपोर्ट उपायुक्त के सउप देले बाड़ें। जांच

Share

JEE Main 2025: जेईई मेन में पहिलही दिन तकनीकी खामी से 114 उम्मीदवारन के परीक्षा प्रभावित, नया डेट घोषित

रामगढ़। राष्ट्रीय स्तर के जेईई मेन परीक्षा में गड़बड़ी के ममिला सामने आवत रामगढ़ जिला में उच्चस्तरीय जांच सुरू हो गइल बा। अनुमंडल पदाधिकारी पूरा घटना के जांच रिपोर्ट उपायुक्त के सउप देले बाड़ें।

जांच में पता चलल बा कि राधा गोविंद विश्वविद्यालय दो से आठ अप्रिल तक होखे वाला जेईई मेंस परीक्षा के दौरान कंप्यूटर सेट बदल के गड़बड़ी करे के योजना बनावल गइल रहे। उपायुक्त एह रिपोर्ट के आगे कार्रवाई खातिर राज्य सरकार, (एनटीए), टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज के भेज देले बाड़ें।

70 कंप्यूटर में भइल खेल

रामगढ़ के एह सेंटर पs रोज करीब 200 परीक्षार्थी परीक्षा देवे वाला रहलें। आरोप बा कि कुछ चुनिंदा परीक्षार्थियन के पास करावे खातिर यूनिवर्सिटी के टेक्निशियन आ टीसीएस के कुछ कर्मचारी मिल के कंप्यूटर सेट में बदलाव करत रहलें।

ममिला के खुलासा होखतही पुलिस कार्रवाई कइलस। अब तक तीन लोग के गिरफ्तार कs के जेल भेज दिहल गइल बा आ 70 कंप्यूटर सेट सहित कइयन गो उपकरण जब्त कइल गइल बा। पुलिस बाकी आरोपियन के पकड़े खातिर छापेमारी करत बा।

500 परीक्षार्थियन के पास करावे के दावा

जांच में ई बात सामने आइल बा कि पूरा रैकेट बिहार आ झारखंड से जुड़ल बा। आठ दिन चले वाला परीक्षा में कुल 1600 परीक्षार्थी सामिल होखे वाला रहलें, जवना में से करीब 500 के पास करावे के ठेका लिहल गइल रहे।

हर दिन करीब 70 परीक्षार्थियन के पास करावे के योजना रहे, एह खातिर 70 कंप्यूटर में सेटिंग कइल जात रहे। हार्ड डिस्क बदल के सिस्टम एतना सेट कइल जा रहल रहे कि ऑनलाइन परीक्षा सुरू होखतही जवाब सीधे मॉनिटर पs मिल जाई।

हालांकि यूनिवर्सिटी प्रबंधन आ रामगढ़ पुलिस के सतर्कता से पूरा रैकेट के भंडाफोड़ हो गइल। अब पुलिस पूरा नेटवर्क के उजागर करे में लागल बा आ आगहू कार्रवाई जारी बा।

Read Also: Bihar Electricity Tariff : बिहार में स्मार्ट मीटर उपभोक्ता खातिर नया बिजली दर लागू, दिन में सबसे सस्ता बिल आई

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.