31 मार्च 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 31/03/2026

श्री गणेशाय नमः

- Sponsored Ads-

आज के पंचांग

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

सबेरे के 06 बजके 56 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्दशी।

दिन- मंगर।

पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र

दिन के 03 बजके 20 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र।

गण्ड जोग

दिन के 03 बजके 41 मिनट ले,

ओकरा बाद वृद्धि जोग।

तैतिल करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 01/04/2026

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

सबेरे के 07 बजके 06 मिनट ले।

दिन- बुध।

त्तर फाल्गुनी नक्षत्र

दिन के 04 बजके 17 मिनट ले।

वृद्धि जोग

दिन के 02 बजके 50 मिनट ले।

वणिज करण।

 आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर नया सुरुआत के मवका बा। काम में तरक्की हो सकेला, बस जल्दबाजी से बचला के जरूरत बा। परिवार में खुसी के माहौल रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज धन लाभ के जोग बनत बा। पुरान संघतिया से मुलाकात हो सकेला। स्वास्थ्य पs ध्यान दीं, खान-पान संतुलित रखीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

कामकाज में व्यस्तता बढ़ी। ऑफिस में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। सोच-समझ के फैसला लीं, फायदा होई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज भाग्य राउर साथ दी। पढ़ाई-लिखाई में सफलता मिली। जतरा के जोग बन रहल बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज खरचा बढ़ सकेला, बाकिर आमदनियो ठीक रही। परिवार के संगे समय बिताईं, मन खुस रही।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन संबंध मजबूत होई। दांपत्य जिनगी में मधुरता आई। नया काम सुरू करे खातिर अच्छा समय बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

स्वास्थ्य पs ध्यान देवे के जरूरत बा। काम में तनिका तनाव रही, बाकिर धैर्य से सब ठीक हो जाई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज प्यार-मोहब्बत के ममिला में सफलता मिली। विद्यार्थी लोगन खातिर दिन बढ़िया बा। मेहनत रंग ले आई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

घर-परिवार में खुसी के माहौल रही। जमीन-जायदाद से जुड़ल फायदा हो सकेला।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज जतरा के जोग बा। काम में सफलता मिली। नया संपर्क से फायदा हो सकेला।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

धन के ममिला में सावधानी रखीं। निवेश सोच-समझ के करीं। परिवार के सहजोग मिली।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन शांत रही। धार्मिक कामन में रुचि बढ़ी। करिअर में आगे बढ़े के मवका मिली।

Read Also : Gorakhpur University : राजनीति विज्ञान विभाग में अप्रिल में होई पुरातन छात्र परिषद सम्मेलन, तइयारियन पs चरचा खातिर भइल ऑनलाइन बैठक

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-