[the_ad_group id="30365"]

मुंबई में नशा में धुत यात्री घुमा दिहलस बस के स्टेयरिंग, कईयो पs टूटल कहर; 9 लोग घायल

मुंबई में बस एक्सीडेंट :फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

महाराष्ट्र के मुंबई में अतवार के साँझ एगो दुखद हादसा हो गइल. असल में मुंबई में चलत BEST बस से टकरा के 9 लोग घायल हो गईले। बतावल जाता कि बस में सवार एगो आदमी के कवनो मुद्दा पs बस चालक से बहस भईल। ए दौरान एगो नशा में धुत्त आदमी बस के स्टीयरिंग पकड़ लिहलस। एकरा बाद बस बेकाबू हो गईल। बस बहुत गाड़ी अवुरी पैदल चलेवाला के टक्कर मार देलस। एह हादसा में 9 लोग घायल हो चुकल बाड़े। फिलहाल घाही लोग के अलग-अलग अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। पुलिस आरोपी के हिरासत में लेले बिया अवुरी मामला के छानबीन होखता।

लालबाग इलाका में भइल हादसा

एगो अधिकारी के मुताबिक ए घटना में घाही भईल 9 लोग में से तीन लोग के हालत गंभीर बा। उs बतवले कि नशा में धुत्त यात्री के हरकत के चलते बस चालक के गाड़ी पs नियंत्रण खतम हो गईल, जवना के चलते शहर के लालबाग इलाका में पैदल चलेवाला, गाड़ी अवुरी दुपहिया गाड़ी बस के चपेट में आ गईले। बृह्न्मुंबई विद्युत आपूर्ति एवं परिवहन (बेस्ट) उपक्रम, बृहन्मुंबई महानगरपालिका (बीएमसी) के परिवहन शाखा हs। कालाचौकी थाना के एगो अधिकारी के मुताबिक, रूट 66 (दक्षिण मुंबई के बैलार्ड पियर से) पs एगो इलेक्ट्रिक बस सायन के रानी लक्ष्मीबाई चौक के ओर जात रहे, जब इs घटना भईल।

बस चालक से सवारी के झगड़ा हो गईल

उs बतवले कि नशा में धुत्त सवारी के बस चालक से झगड़ा भईल। लालबाग में स्थित गणेश टॉकीज के नजदीक जब बस पहुंचल तs उs अचानक स्टीयरिंग पकड़ लेले, जवना के चलते गाड़ी ड्राइवर के नियंत्रण से बाहर हो गईल। उs बतवले कि बस दु मोटरसाइकिल, एगो कार अवुरी कई गो पैदल चलेवाला के टक्कर मार के 9 लोग घाही हो गईले। एहमें से तीन गो के हालत गंभीर बा. सभे घाही के शहर के अलग-अलग अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। अधिकारी बतवले कि पुलिस नशा में धुत्त यात्री के हिरासत में ले लेले बिया अवुरी मामला के जांच जारी बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]