[the_ad_group id="30365"]

आंध्र प्रदेश आ तेलंगाना में भारी बरखा के कहर, 10 लोगन के मउत

आंध्र प्रदेश आ तेलंगाना में भारी बरखा के कहर: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आंध्र प्रदेश में भारी बरखा से तबाही भइल बा। एकरा चलते राज्य में अबे ले 9 लोग के मउत हो चुकल बा। गृहमंत्री वंगलापुड़ी अनिता अतवार के कहली कि पछिला दु दिन में भईल भारी बरखा के चलते पांच जिला के 294 गांव से 13,227 लोग के सुरक्षित जगह पs पहुंचावल गईल।  मुख्यमंत्री एन चंद्रबाबू नायडू वरिष्ठ अधिकारी के संगे मौसम के स्थिति के समीक्षा कईले अवुरी बाढ़ के आकलन करे खातीर ड्रोन जईसन तकनीक के इस्तेमाल करे अवुरी ओकरा मुताबिक राहत अवुरी बचाव के काम करे के कहले। दूसर ओर तेलंगाना में भईल भारी बरखा के चलते एक जने के मउत हो गईल।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भारी बरखा के देखत आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री चंद्रबाबू नायडू अवुरी तेलंगाना के मुख्यमंत्री रेवंत रेड्डी से बात कईले। पीएम मोदी दुनो राज्य के स्थिति के बारे में पूछताछ कईले। संगही दुनो राज्य के मुख्यमंत्री के एs चुनौती से निपटे खातीर केंद्र के ओर से हर संभव मदद के भरोसा देले।

गृहमंत्री एगो आधिकारिक विज्ञप्ति जारी कs कहले कि, अबे ले भारी बरखा के चलते 9 लोग के मउत हो चुकल बा। पुलिस, राष्ट्रीय आपदा मोचन बल (एनडीआरएफ) अवुरी आपदा मोचन बल (एसडीआरएफ) के टीम डूबल इलाका से 600 लोग के बचा लेले बिया। एनडीआरएफ आ एसडीआरएफ के 17 गो टीम सात जिला के 22 गो डूबल जगहन पs बचाव अभियान चलवलस.

प्रारंभिक अनुमान के हवाला देत अनिता बतवली कि बरखा के चलते 62,644 हेक्टेयर धान के फसल अवुरी 7,218 हेक्टेयर फल के बगीचा डूब गईल बा। उs बतवली कि सभ जिला में टोल फ्री नंबर अवुरी कंट्रोल रूम के व्यवस्था कईल गईल बा। एकरा अलावे स्थिति पs नजर राखे खातीर नोडल अधिकारी के भी नियुक्ति कईल गईल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]