[the_ad_group id="30365"]

इंडियन ऑयल के पेट्रोलिंग कार के आगे कूदल नीलगाय: गड़हा में पलटल स्कॉर्पियो, रिटायर्ड आर्मी जवान के मौत, दु लोग जख्मी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान में मंगर के सबेरे सड़क दुर्घटना में एगो व्यक्ति के मौत हो गइल बा। घटना दरौंदा-महाराजगंज मुख्य मार्ग के उजायं गांव के पास के लगे बा। घटना के संबंध में बतावल जा रहल बा कि इंडियन ऑयल के पेट्रोलिंग टीम के गाड़ी दारौंदा से महाराजगंज के तरफ जात रहे।

एही दौरान उजायं गांव के लगे स्कॉर्पियो गाड़ी के आगे के नीलगाय कूद गइल। जवना के बचावे के चक्कर में स्कॉर्पियो गड़हा में जा पलटल। स्कॉर्पियों में बईठल तीन लोग ओहि में दब गइल। जेमे से एगो व्यक्ति के घटनास्थल पs मौत हो गइल।

रिटायर्ड आर्मी के जवान रहस मृतक

मृतक के पहचान हुसैनगंज थाना क्षेत्र के टिकरी (रेनुआ) के रहे वाला आत्मा सिंह के रूप में भइल रहे। आत्मा सिंह आर्मी से रिटायर रहस। आउर घायल एम एच नगर थाना क्षेत्र के करमासी के मोहम्मद शहाबुद्दीन आ चालक दरौंदा थाना क्षेत्र के कोडारी कला गांव के अमित कुमार बा लो।

दुनो घायलन के इलाज खातिर सीवान के सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा। ओहिजा मृतक के शव के पुलिस पंचनामा बनाके पोस्टमार्टम खातिर सीवान के सदर अस्पताल में भेज दिहल गइल बा। मृत्यु के सूचना के बाद आत्मा सिंह के परिजनन में कोहराम मचल बा। सभे के रो-रोके बुरा हाल हो रहल बा।

नीलगाय के कारण भइल हादसा

दरौंदा थाना अध्यक्ष प्रवीण प्रभाकर बतवलें कि ई घटना स्कॉर्पियो गाड़ी के आगे नीलगाय कूदला से घटल बा। फिलहाल मृतक के पोस्टमार्टम करावल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]