[the_ad_group id="30365"]

आतंक पर वार: 10 राज्यन में PFI के ठिकाना पर NIA अउरी ED मरलस छापा, अध्यक्ष सहित 100 से बेसी लोग गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आतंकवादियन के कमर तोड़े खातिर आजु राष्ट्रीय जांच एजेंसी(NIA) अउरी प्रवर्तन निदेशालय (ED) तमिलनाडु, केरल सहित 10 राज्यन में PFI के ठिकाना पर छापेमारी कइले बा। छापेमारी के दौरान 100 से अधिक लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा। जौने राज्यों में एनआईए छापेमारी कइले बा ओमें केरल, तमिलनाडु, कर्नाटक, आंध्र प्रदेश, तेलंगाना, बिहार, उत्तर प्रदेश, राजस्थान, दिल्ली, असम और महाराष्ट्र शामिल बा। पीएफआई अउर ओसे जुड़ल लोग के ट्रेनिंग गतिविधि, टेरर फंडिंग अउर लोग के संगठन से जोड़ले के खिलाफ ई अब ले के सबसे बड़ कार्रवाई ह।

पीएफआई अध्यक्ष कइल गइलें गिरफ्तार, विरोध प्रदर्शन शुरू

NIA अउर ED मलप्पुरम जिला के मंजेरी में OMA सलाम, PFI अध्यक्ष परवेज अहमद के घर पर छापेमारी कइलस अउरी गिरफ्तार कs लिहले बा। एह दौरान PFI कार्यकर्ता लोग विरोध प्रदर्शन कइल। एकरे अलावा कर्नाटक के मंगलुरु में भी NIA के छापेमारी के खिलाफ PFI अउर SDPI के कार्यकर्ता प्रदर्शन कs रहल बानें। हालांकि उनके हिरासत में ले लिहल गइल बा।

राष्ट्रीय, राज्य अउर स्थानीय स्तर के नेता के ठिकाना पर छापेमारी
पीएफआई के राष्ट्रीय, राज्य अउरी स्थानीय स्तर के नेता लोग के घर पर छापेमारी हो रहल बा। राज्य समिति कार्यालय पर भी छापेमारी कइल जा रहल बा। संगठन एगो बयान में कहलस कि असहमति के आवाज दबावे खातिर फासीवादी शासन एजेंसियन के बेजा इस्तेमाल करे के कदम हम विरोध करतनी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]