[the_ad_group id="30365"]

सोनाक्षी सिन्हा शादी के तुरंत बाद काहें पहुंचली अस्पताल? पति जहीर इकबाल साथे रहले मौजूद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

शत्रुघ्न सिन्हा के बेटी आ बॉलीवुड अभिनेत्री सोनाक्षी सिन्हा के बियाह हालही में भइल बा. सोनाक्षी के लंबा समय से प्रेमी जहीर इकबाल के संगे 23 जून के सिविल मैरिज भईल रहे। बियाह के बाद दुनो लोग एगो भव्य शादी के रिसेप्शन कईले, जवना में बी टाउन के बहुत बड़ हस्ती शामिल भईले। अब बियाह के बाद हाल ही में अभिनेत्री के एगो वीडियो सामने आईल बा, जवना में उs अस्पताल के बहरी देखाई देतारी। एह दौरान सोनाक्षी के संगे उनुकर नयका पति जहीर इकबाल भी मौजूद रहले। हाल ही में दुनों के अस्पताल के बहरी पs लोग देखले, जेकरा बाद सोनाक्षी-जहीर के लेके लोग के बीच तरह तरह के चर्चा शुरू हो गईल बा।

सोनाक्षी-जहीर अस्पताल पहुंचले

इंस्टेंट बॉलीवुड सोनाक्षी-जहीर के वीडियो के आधिकारिक इंस्टाग्राम अकाउंट पs शेयर कईलस, जवना पs बहुत यूजर रिएक्शन देले बाड़े। एक ओर जहां कुछ लोग अभिनेत्री के बहरी देखला के बाद उनुकर भलाई जानल चाहत रहले, उहें बहुत यूजर अयीसन रहले जवन कि अभिनेत्री के गर्भवती होखे के अंदाज़ा लगावे लगले। एह वीडियो पs बहुत यूजर रिएक्शन देके पूछले बाड़े कि का सोनाक्षी महतारी बने वाली बाड़ी।

सोनाक्षी-जहीर सिविल मैरिज कइले

बता दीं कि सोनाक्षी सिन्हा आ जहीर इकबाल मुंबई के बांद्रा में अपना घर में परिवार आ करीबी दोस्तन के मौजूदगी में सिविल मैरिज कइले रहले. बियाह से पहिले दुनो लोग 7 साल ले रिश्ता में रहले। सोनाक्षी आ जहीर के बियाह के लेके हंगामा मच गईल, जवना के चलते दुनो अलग-अलग धर्म के हवे। अयीसना में सोनाक्षी अपना बियाह के फोटो के कमेंट सेक्शन बंद कs देले बाड़ी, ताकि कवनो प्रकार के नकारात्मक टिप्पणी ना होखे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]