अनंत-राधिका के बियाह शादी से पहले इन खास लोगों की शादी कराएगा अंबानी परिवार, जानें किस दिन बजेगी शहनाई

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 29, 2024

अंबानी परिवार में जलदिए एक बार फेर से शहनाई गूंजे वाला बा। भारतीय बिजनेसमैन मुकेश अंबानी आ नीता अंबानी के सबसे छोट बेटा अनंत अंबानी के शादी होखे जा रहल बा। उऽ अपना मंगेतर राधिका

Share

अंबानी परिवार में जलदिए एक बार फेर से शहनाई गूंजे वाला बा। भारतीय बिजनेसमैन मुकेश अंबानी आ नीता अंबानी के सबसे छोट बेटा अनंत अंबानी के शादी होखे जा रहल बा। उऽ अपना मंगेतर राधिका मर्चेंट के साथे जलदिए शादी करे जा रहल बाड़न। दुनु के बियाह 12 जुलाई के मुंबई में होई। हालांकि, उनका बियाह के खबरन के बीच एगो आउर बियाह के कार्ड वायरल हो रहल बा। दरअसल, अंबानी परिवार कई लोगन के शादी आयोजित करा रहल बा। एमें वंचित लोगन के बियाह होई। ई सामूहिक बियाह आयोजन अंबानी परिवार के ओर से अनंत आ राधिका के शादी से ठीक कुछ दिन पहिले होई।

एह दिन होई सामूहिक बियाह

इस सामूहिक विवाह कार्यक्रम से जुड़ल कार्ड सामने आइल बा, जवना में बतावल गइल बा कि वंचित लोगन के बियाह के कार्यक्रम अनंत अंबानी आ राधिका मर्चेंट के प्री वेडिंग के हिस्सा बा। ई सामूहिक विवाह समारोह महाराष्ट्र के पालघर जिला के स्वामी विवेकानंद विद्यामंदिर में मंगलवार यानी दू जुलाई 2024 के शाम साढ़े चार बजे से राखल गइल बा।

परिवार के साथे शामिल होइहें मुकेश-नीता

सामूहिक विवाह के दौरान मुकेश अंबानी आ उनकर पत्नी नीता अंबानी मौजूद रहिहें। कार्ड में लिखल जानकारी के मोताबिक मुकेश अपना परिवार के साथ एह सामूहिक विवाह समारोह में शामिल होइहें आ दूल्हा- दुल्हिन के आशीर्वाद दिहें।

आ गइल अनंत अंबानी आ राधिका मर्चेंट के बियाहो के कार्ड

उहे बात अनंत आ राधिका के बियाह के बात कइल जाव तऽ दुनु जाने के बियाह के जश्न तीन दिन तक चली। ई शादी 12 जुलाई 2024 के मुकेश अंबानी के मुंबई इस्थित वर्ल्ड जियो सेंटर में होई। 12 जुलाई के अनंत आ राधिका हमेशा-हमेशा खातिर एक दोसरा के हो जइहें।

एकरा बाद 13 जुलाई के शुभ आशीर्वाद के रस्म होई, जवना में मेहमान न्यूली वेड राधिका आ अनंत के आशीर्वाद आ शुभकामना दिहें। एकरा खातिर ड्रेस कोड इंडियन फॉर्मल राखल गइल बा। 14 जुलाई के मंगल उत्सव यानी वेडिंग रिसेप्शन होई आ एकर ड्रेस कोड इंडियन चिक बा। ई सब कार्यक्रम जियो वर्ल्ड सेंटर में आयोजित कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.