[the_ad_group id="30365"]

कोरोना के नाया स्वरूप एक्सई (XE) के देस में दस्तक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोरोना के मामलन में गिरावट के बीचे बुध के ओमिक्रोन के एक्सई स्वरूप के देस में पहिला मरीज मिलल। महाराष्ट्र के स्वास्थ विभाग बतवलस कि 10 फरवरी के दक्षिण अफ्रीका से आइल एगो मेहरारू के 27 मार्च के एक्सई स्वरूप से संक्रमित होखला के पुष्टि भइल बा। कप्पो स्वरूप के एगो मरीज मिलल बा। बाकिर डेराये के बात नइखे सरकार सतर्क बिया।

376 नमूनन के जीनोम सीक्वेंसिग के दौरान ई दुनु संक्रामक वेरिएंट के पाता चलल बा। नमूनन के जांच कइल गइल, ओमे से 230 मुंबई के हs। ओकरा में से 228 में ओमिक्रोन के स्वरूप मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]