[the_ad_group id="30365"]

GST के दरन में बदलाव : जानीं आज से का भइल सस्ता आ का भइल महंगा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

का भइल सस्ता- का भइल महंगा: आज से कइयन गो खाद्य वस्तु महंगा हो जाई। हाले में जीएसटी परिषद 18 जुलाई से कइयन गो वस्तुअन के दामन में बदलाव कइलस, जवना के किने खातिर अब बेसी पईसा चुकावे के होई। एमे पहिले से पैक आ लेबल वाला खाद्य पदार्थ जइसे आटा, पनीर आ दही शामिल बा, जवना पs पांच प्रतिशत माल आ सेवा कर (GST Rates) देवे के होई।

ई सामान भइल महंगा

  • पैकेज्ड आ लेबल युक्त दही, लस्सी, पनीर, शहद, अनाज, मांस आ मछरी किनला पs 5 फीसद जीएसटी देवे के होई।
  • अस्पताल में 5,000 रुपिया (गैर-आईसीयू) से बेसी किराया वाला कमरा पs 5 फीसद जीएसटी लागी।
  • चेक बुक जारी कइला पs बैंकन कावर से लिहल जाये वाला शुल्क पs 18 फीसद जीएसटी।
  • होटल के 1,000 रुपिया प्रति दिन से कम किराया वाला कमरा पs 12 फीसद जीएसटी।
  • टेट्रा पैक पs दर 12 फीसद से बढ़के 18 फीसद।
  • प्रिंटिंग/राइटिंग भा ड्रॉइंग इंक, एलईडी लाइट्स, एलईडी लैम्प पs 12 फीसद के जगे 18 फीसद जीएसटी।
  • मैप, एटलस आ ग्लोब पs 12 फीसद जीएसटी देवे के होई।
  • ब्लेड, चाकू, पेंसिल शार्पनर, चम्मच, कांटा वाला चम्मच, स्किमर्स आदि पs 18 फीसद जीएसटी। अभी 12 फीसद।
  • आटा चक्की, दाल मशीन पs 5 फीसद के जगे 18 फीसद जीएसटी।
  • अनाज छंटाई मशीन, डेयरी मशीन, फल-कृषि उत्पाद छंटाई मशीन, पानी के पंप, साइकिल पंप, सर्किट बोर्ड पs 12 फीसद के जगे 18 फीसद जीएसट

 जानीं का भइल सस्ता

  • ओह ऑपरेटरन खातिर माल ढुलाई किराया पs जीएसटी 18 फीसद से कम होके 12 फीसद रह जाई, जहां ईंधन लागत शामिल बा।
  • डिफेंस फोर्सेज खातिर आयातित कुछ खास वस्तुअन पs आईजीएसटी ना लागी।
  • रोपवे के माध्यम से यात्रियन आ सामान लेके आवे-जाये पs 5 फीसद टैक्स। अभी 18 फीसद बा।
  • स्प्लिंट्स आ आउर फ्रैक्चर उपकरण, शरीर के कृत्र्मि अंग, बॉडी इंप्लाट्स, इंट्रा ओक्यूलर लेंस आदि पs 12 फीसद के जगे 5 फीसद जीएसटी लागी।

साभार: हिंदुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]