[the_ad_group id="30365"]

फेर से महाराष्ट्र के डरा रहल बा कोरोना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंबई में फेरू कोरोना के रफ्तार बढ़ गइल बा. पिछला 24 घंटा में मुंबई में 506 गो नया कोविड मरीज मिलल बाड़े. जवन कि 6 फरवरी के बाद सबसे जादा संख्या बा (536 मामला) ए साल। शहर में परीक्षण के दौरान पॉजिटिविटी रेट 6% तक पहुंच गईल बा। मुंबई में अप्रैल के मामला के मुक़ाबले मई में कोविड मरीज के संख्या में 100% से जादे के बढ़ोतरी भईल बा।

देश में 2745 गो कोरोना संक्रमण भइल बा

पिछला 24 घंटा में देश में 2745 गो कोरोना केस मिलल बा। 6 गो मरीजन के मौत हो गइल. देश में कोविड-19 के कुल संख्या 4 करोड़ 31 लाख 60 हजार पार हो गइल बा। कुल सक्रिय केस बढ़ के 17 हजार 800 हो गइल। ओहिजा पिछला 24 घंटा में 2236 लोग कोरोना से ठीक हो गइल आ 6 लोग के मौत हो गइल बा, जेकरा बाद मरे वाला लोग के संख्या बढ़ के 5 लाख 24 हजार 600 हो गइल बा। वर्तमान में संक्रमण के दर 0.04% बा, जबकि कोरोना के ठीक होखे के दर 98.74% दर्ज भइल।

टीकाकरण में बढ़ोतरी होई अवुरी बच्चा के बूस्टर डोज होई

बृहनमुम्बई नगर निगम (बीएमसी) कहलस कि हमनी के अधिकारी से कहले बानी कि ‘युद्ध के आधार प’ जांच बढ़ावल जाए। टेस्ट लैब के भी पूरा तरह से तइयार करे आ कर्मचारी के संख्या बढ़ावे के कहल गइल बा। चेतावनी दिहल गइल बा कि, मुंबई में दैनिक केस में जबरदस्त बढ़ोतरी हो रहल बा, अब जब मानसून अपना माथा पर बा त कोरोना के नया केस में तेजी से बढ़ोतरी होई। बीएमसी 12 से 18 साल के उमर के बच्चा खाती अवुरी तेजी से टीकाकरण अभियान अवुरी बूस्टर डोज देवे के कहले बिया|

महाराष्ट्र में सबसे अधिक केस मिलल बा

मुंबई में 711 गो नया कोरोना केस मिलल बा। एकरा संगे कुल केस 7 करोड़ 88 लाख 7 हजार हो गईल बा, जबकि सक्रिय केस 3,475 बा। 366 लोग कोरोना से ठीक हो गइल बा जबकि एक आदमी के मौत हो गइल बा, एकरा साथे अब मरे वाला लोग के संख्या बढ़ के 1 लाख 47 हजार 860 हो गइल बा।

दिल्ली में 2.15 सकारात्मकता दर बा

स्वास्थ्य विभाग के आंकड़ा के मुताबिक मंगलवार के दिल्ली में 373 नाया केस अवुरी एक मौत दर्ज भईल, जबकि 255 मरीज ठीक हो चुकल बाड़े। दिल्ली में पॉजिटिविटी रेट 2.15% बा। दिल्ली में एक दिन में कोरोना के 17,371 टेस्ट करावल गइल।

मध्यप्रदेश और राजस्थान कोरोना अपडेट

मध्य प्रदेश में कोरोना के 20 गो नया केस मिलल बा, जेकरा बाद कुल 10 लाख 42 हजार 500 के पार हो गइल बा। राज्य में कोरोना के चलते एको मौत नईखे भईल, जवना के चलते कोरोना से मरेवाला के संख्या 10,736 बाटे। राज्य में कोरोना के 4,834 टेस्ट करावल गईल। एकरा संगे-संगे राजस्थान में 57 गो नया केस मिलल बा, एको मौत नईखे भईल। राजस्थान में कोरोना एक्टिव केस बढ़ के 532 हो गइल बा आ कुल केस 12 लाख 85 हजार 700 पार हो गइल बा. बुध का दिने राज्य में 6478 गो परीक्षण करावल गइल.

अकेले बेंगलुरु में 178 केस मिलल बा

मंगल का दिने कर्नाटक में 197 गो कोरोना संक्रमित मिलल जबकि एक मौत का साथे राज्य में कुल मरे वालन के गिनिती बढ़ के 40,065 हो गइल. कुल कोरोना संक्रमित के संख्या बढ़ के 39 लाख 52 हजार हो गइल। नयका संक्रमित में से अकेले बेंगलुरु शहर से 178 केस मिलल बा।
ठीक होखे वाला लोग के संख्या 39 लाख 10 हजार के करीब रहला के बाद अभी तक मंगलवार के 273 लोग के छुट्टी दे दिहल गईल, लेकिन सक्रिय केस के संख्या 2029 हो गईल बा। पिछला 24 घंटा में 17716 गो जांच करावल गइल.

तीन महीना बाद चीन में 100 से कम कोरोना केस

कोरोना पर अउरी रोक बुध का दिने से चीन के वित्तीय राजधानी शंघाई में खतम हो जाई जवना के आबादी करीब अढ़ाई करोड़ बा. करीब दू महीना बाद बस आ रेल सेवा शुरू हो जाई. शंघाई के डिप्टी मेयर जोंग मिंग बतवले कि अब महामारी काबू में हो गइल बा. स्कूल भी खोलल जाई जवना में 75% छात्र के उपस्थिति होई। मॉल आ बाजार में जाए के अनुमति दे दिहल गइल बा.
दोसरा तरफ चीन में तीन महीना बाद पहिला बेर कोरोना के 100 से कम मामला दर्ज भईल बा। एही बीच हांगकांग विश्वविद्यालय के प्रो. निकोलस थॉमस के मुताबिक चीन के राष्ट्रपति शी जिनपिंग कम्युनिस्ट पार्टी के आवे वाला सत्र में एकरा के कोरोना प जीत के रूप में पेश करीहे।
राजधानी बीजिंग में बुध का दिने से कुछ कार्यालय आ शॉपिंग सेंटर के भी खोले के अनुमति दिहल गइल बा. हालांकि बीजिंग में फिलहाल स्कूल अवुरी होटल अवुरी रेस्तरां बंद रही। चीन सरकार हप्ता में एक बेर प्रमुख शहरन में लोग के कोरोना टेस्ट करावे के आदेश दिहले बिया.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]