Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नेपाल विमान दुर्घटना में सब यात्रियन के मौत, 5 भारतीय रहे लोग सवार, अब तक 68 शव बरामद भइल

1,036

नेपाल के पोखरा में अतवार के हवाई अड्डा पs उतरला के दौरान पांच भारतीयन समेत 72 लोगन के लेके जा रहल एगो नेपाली यात्री विमान अतवार के नदी घाटी में दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। एगो बचाव अधिकारी बतवलें कि एह हादसा में कम से कम 68 लोगन के मौत हो गइल बा। नेपाल के नागर विमानन प्राधिकरण (सीएएएन) के अनुसार यति एयरलाइंस के 9एन-एएनसी एटीआर-72 विमान काठमांडू के त्रिभुवन अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा से पूर्वाह्न 10:33 बजे उड़ान भरलस। पोखरा हवाई अड्डा पs उतरत घरी विमान पुरान हवाई अड्डा आ नया हवाई अड्डा के बीच सेती नदी के तट पs दुर्घटनाग्रस्त हो गइल।

5 भारतीय यात्री रहे लोग सवार

सीएएएन के समन्वय समिति, खोज आ बचाव के एगो अधिकारी बतवलें कि अभी तक दुर्घटनास्थल से 68 शव बरामद कइल जा चुकल बा। अधिकारी कहलें कि शवन के पहचान अभी नइखे हो सकल। संगही ऊ कहलें कि चार आउर शव बरामद करे के कोसिस जारी बा। विमान में पांच भारतीय, चार रूसी, दु कोरियाई के अलावे ऑस्ट्रेलिया, फ्रांस, अजेंटीना, इजराइल के एक-एक नागरिक सवार रहे लो।

विमान हादसा में केहूओ जिंदा ना बचल

यति एयरलाइंस के प्रवक्ता सुदर्शन बरतौला कहलें कि अभी तक केहू के जीवित बचला के कवनो सूचना नइखे। ऊ कहलें कि पोखरा में मौसम बिल्कुल ठीक रहे आ विमान का इंजनो अच्छा इस्थिति में रहे। ऊ कहलें हम नइखी जानत कि हवाई जहाज के का भइल। ओहिजा, प्रधानमंत्री पुष्प कमल दहल एह विमान दुर्घटना के उच्चस्तरीय जांच खातिर एगो कमेटी के ऐलान कइलें बाड़ें।

चीनी करजा से बनावल गइल रहे पोखरा एयरपोर्ट

हालांकि, कुछ स्थानीय मीडिया के खबरन में कहल गइल रहे कि विमान उतरत घरी जादे मुड़ गइल रहे, जवन दुर्घटना के कारण हो सकत बा। ई चीनी करजा के तहत बनावल गइल एगो नया हवाई अड्डा बा आ अभी दु हफ्ता पहिले एकर उद्घाटन कइल गइल रहे। हादसा में मरे वाला पांच भारतीयन के पहचान अभिषेक कुशवाहा, विशाल शर्मा, अनिल कुमार राजभर, सोनू जायसवाल आ संजय जायसवाल के रूप में भइल बा।

439020cookie-checkनेपाल विमान दुर्घटना में सब यात्रियन के मौत, 5 भारतीय रहे लोग सवार, अब तक 68 शव बरामद भइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.