[the_ad_group id="30365"]

नेपाल: चुनाव के देखत प्रशासन सतर्क, 20 नवंबर के होई मतदान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेपाल में प्रतिनिधि अउर राज्य सभा चुनाव के ले के प्रशासन के तैयारी शुरू हो गइल बा। जिला में  65 मतदान केंद्रन अउर 186 केंद्र के अति संवेदनशील के सूची में रखल गइल बा। 20 नवंबर के रूपनदेही में 213 मतदान केंद्र अउर 707 केंद्र पर मतदान होखे के बा।
सुरक्षा के लेके 72 घण्टा पहिले भारत नेपाल के सीमा सील कइल जाई। प्रतिनिधि सभा में 5 निर्वाचन क्षेत्र ह अउर राज्य विधानसभा में 10  सीट पर चुनाव बा। 5 मतदान केंद्र अस्थायी मतदान केंद्र बा। जिला सुरक्षा समिति जिला में सुरक्षा के संवेदनशीलता के ध्यान में रखत विश्लेषण अउर मूल्यांकन के आधार पर मतदान केंद्र के अति संवेदनशील, संवेदनशील अउर सामान्य तीन प्रकार में वर्गीकृत कइल गइल बा।
वर्गीकरण खातिर मतदान स्थल के भौतिक संरचना, भारतीय सीमा से निकटता, भौगोलिक स्थिति, पुलिस कार्यालय से दूरी, सुरक्षा चौकसी अउर पूर्व में चुनाव के दौरान भइल घटना के जिला सुरक्षा समिति द्वारा संकेतक के रूप में लिहल गइल बा।

जिला पुलिस कार्यालय के प्रवक्ता श्यामू आर्यल कहनें कि सीमा से सटल इलाका के कई मतदान केंद्र अउर केंद्र के अति संवेदनशील के सूची में रखल गइल बा। रूपनदेही में चुनाव के उद्देश्य से 3 हजार 95 अस्थायी पुलिसकर्मियन के तैनाती कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]