[the_ad_group id="30365"]

नीतू कपूर अपना पति के कइली याद , फोटो के संगे लिखली एगो भावुक पोस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ऋषि कपूर के पुण्यतिथि : आजु बॉलीवुड के दिग्गज अभिनेता ऋषि कपूर के पुण्यतिथि ह। ऋषि कपूर अपना अभिनय से हिंदी सिनेमा में एगो खास जगहा हासिल कइले रहले। जवन कि उनुका निधन के बाद भी बनल बा। परिवार के संगे उनुकर प्रशंसक उनुका के कबहूँ ना भुला पवले। आज ऋषि कपूर के पुण्यतिथि के मौका पे उनुकर पत्नी नीतू कपूर कुछ अनदेखल तस्वीर शेयर क के उनुका के याद कईले बाड़ी।

 नितू सिंह अनदेखल तस्वीर ऋषि कपूर के साथे कइली शेयर 

तीन साल पहिले आज के दिन ऋषि कपूर एह दुनिया से विदाई देले रहले। ई दुखद खबर उनुका परिवार, उनुकर प्रशंसक के संगे उनुका के जाने वाला लोग के भी हैरान क देलस। उनकर जाए से सभे दुखी रहे। ऋषि के निधन के खबर उनुका प्रशंसकन खातिर एगो बड़हन झटका रहल। अब आजु 30 अप्रैल के ऋषि के पुण्यतिथि पे नीतू कपूर एगो अनदेखल तस्वीर शेयर कइली। जिनकर कैप्शन में ऊ लिखले बाड़न कि ‘हर बढ़िया याद में रउरा के हर बेर याद कइल जाला।’

 

बेटी रिद्धिमा द्वारा साझा कइल गइल अनदेखल तस्वीर        ऋषि आ नीतू कपूर के बेटी रिद्धिमा कपूर अपना पिता के पुण्यतिथि पे एगो अनदेखल तस्वीर शेयर कईली। जवना के नीतू कपूर अपना स्टेटस में रिशेयर कइले बाड़ी। एह खुश पारिवारिक फोटो में रणबीर कपूर, रिद्धिमा कपूर आ उनुकर बेटी समारा साहनी ओ ऋषि कपूर आ नीतू कपूर के संगे देखाई देतारी।

ऋषि कपूर कैंसर से जूझत रहले

बॉलीवुड के रोमांस किंग के नाम से जानल जाए वाला ऋषि कपूर 50 साल के फिल्मी कैरियर में करीब 121 फिल्म कईले रहले। हालांकि उ बहुत खुशहाल इंसान रहले, लेकिन उ बहुत दिन तक कैंसर के लड़ाई लड़त रहले। एही बीच 30 अप्रैल के उनुका निधन के खबर सभके अचरज में डाल देले रहे। लॉकडाउन के चलते उनुका अंतिम संस्कार में मात्र 20-25 लोग शामिल हो पावल। उनकर आखिरी फिलिम शर्माजी नामकीन रहे जवन उनका निधन के बाद रिलीज भइल रहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]