Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Anupamaa Spoiler Alert: बरखा अधिक के मन में पाखी खातीर भरली जहर, अनुज के सामने गिड़गिड़इंह माया

817

 

 

Anupamaa Spoiler Alert: स्टार प्लस शो ‘अनुपमा’ के लेटेस्ट ट्रैक दिलचस्प होखे वाला बा। एह शो में अनुज-अनुपमा से मिल के कुछ लोग खुश बाड़े त बहुते लोग एह दुनु के अलगा करे के पूरा कोशिश करत बा।

Anupamaa Spoiler Alert: टीआरपी लिस्ट में नंबर वन वाला स्टार प्लस शो ‘अनुपमा’ में ओह दिन हाई वोल्टेज ड्रामा देखे के मिलेला। हालही में एह शो में जबरदस्त मोड़ आइल आ अनुपमा-अनुज के अलगा हो गइले। अब कहानी में एगो अउरी मोड़ आ गइल बा जवना में देखावल गइल बा कि अनुज अब आखिरकार अपना अनुपमा में लवटे के तइयारी में लागल बाड़न। उहाँ अनुपमा भी बेसब्री से अपना अनुज के इंतजार करत बाड़ी, लेकिन ए सभ के बीच अब शो में एगो अवुरी बियाह टूटे के कगार पे बा।

समर-डिंपी के शादी के तइयारी

आज के एपिसोड में देखावल जाई कि समर आ डिम्पी के बियाह के लेके शाह घर में बात हो रहल बा। बा कहेली कि कम समय में पईसा आदि के इंतजाम कईसे होई, काहे कि केहु ओ लोग पे खर्चा नईखे कईल चाहत। एही पर समर कोर्ट मे बियाह करे के फैसला करेला, लेकिन बा मना क देल्ही अवुरी कहेले कि बियाह रीति-रिवाज के मुताबिक होई। एही बीच पाखी शाह घर में घुस जाले।

गाज पाखी पे गिर गइल

पाखी के पहुंचते ही वनराज अऊर बा राशन पानी लेके ओकरा लगे पहुँचेले। बरखा भी पाखी खातिर अधिक के भड़कावेले। बरखा अधिक के भड़कावेले कि अगर अनुज वापस आ गईले त ओ लोग के पहिले निहन जिए के पड़ी। पइसा के लुभा के बरखा आखिर में अपना भाई के अपना ओर खींच लेले। एक तरफ वनराज अऊर बा पाखी के झूठ बतावेले। दूसर ओर अधिक आके पाखी पे गुस्सा करे लागेला अऊर ओकरा के वापस घरे जाए के कहेला।

माया अनुज के सामने गिडगिडइंहे

दोसरा तरफ मुंबई में अनुज उत्साह से आपन पैकिंग कर रहल बाड़न आ दुआर पे खड़ा माया उनका के रोवत देखत बाड़ी। माया अनुज से कहेले कि अनुपमा के पास मत जास। ऊ अनुज से निहोरा करेले कि अनुपमा के लगे मत जास काहे कि ऊ अनुज से बहुत प्यार करेले। हालांकि अनुज साफ-साफ कहतारे कि उनुका सिर्फ अनुपमा से प्यार बा।

कांताबेन ई कदम उठाई

आवे वाला एपिसोड में देखावल जाई कि कांताबेन कहेली कि अब अनुपमा के एतना आसानी से वापस ना ले जइहें, जबले कि ओकरा पक्का विश्वास ना हो जाव कि ऊ अनुपमा के फेर से दिल ना तूडिहे । दूसर ओर माया उदास आँख से अनुज के अनुपमा के पास जाए के तैयारी के ओर देखेले। अनुज आ अनुपमा के मिले से रोके खातिर माया, बरखा आ वनराज कवनो ना कवनो चाल जरूर खेलिहें अब देखे के बा कि आगे का होखे वाला बा।

 

 

535640cookie-checkAnupamaa Spoiler Alert: बरखा अधिक के मन में पाखी खातीर भरली जहर, अनुज के सामने गिड़गिड़इंह माया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.