[the_ad_group id="30365"]

NEET SS 2023 के दूसरका चरण खातीर आजु खतम हो जाइ रजिस्ट्रेशन, डायरेक्ट लिंक से करीं आवेदन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मेडिकल काउंसलिंग कमेटी यानी एमसीसी आजु 21 दिसंबर 2023 के नीट एसएस 2023 काउंसलिंग के राउंड 2 खातिर रजिस्ट्रेशन प्रक्रिया के समापन करी। सुपरस्पेशलिटी काउंसलिंग खातिर आवेदन करे के चाहत उम्मीदवार एमसीसी के आधिकारिक वेबसाइट mcc.nic.in के माध्यम से आवेदन कs सकतारे। ध्यान रहे कि भुगतान के सुविधा भी आज 21 दिसंबर 2023 के दुपहरिया 3 बजे बंद हो जाई।

च्वाइस फिलिंग 18 दिसंबर से शुरू भइल आ आजु 21 दिसंबर के बंद होजाई। च्वाइस लॉकिंग के शेड्यूल भी च्वाइस फिलिंग के शेड्यूल निहन बा। आवेदन पत्र भरला खातिर उम्मीदवार नीचे दिहल चरण के पालन कs सकेलें।

आवेदन शुल्क

रजिस्ट्रेशन शुल्क में ₹5000/- शामिल बा आ काउंसलिंग दौर खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवारन के ₹2,00,000/- के वापसी योग्य सुरक्षा पइसा जमा करे के पड़ी। ई भुगतान ऑनलाइन मोड के माध्यम से होखे के चाहीं।

NEET SS 2023 Counselling : आवेदन कईसे कईल जाला

•सबसे पहिले एमसीसी mcc.nic.in के आधिकारिक वेबसाइट पs जाईं।

•एकरा बाद होम पेज पs उपलब्ध NEET SS Counseling 2023 Round 2 के लिंक पs क्लिक करीं।

•एकरा बाद रजिस्ट्रेशन के विवरण दर्ज करीं आ सबमिट पs क्लिक करीं।

•एक बेर कइला के बाद आवेदन फार्म भर के फीस देबे के पड़ी।

•एकरा बाद सबमिट पs क्लिक कs के पेज डाउनलोड करीं।•अंत में एकर हार्ड कॉपी आगे के जरूरत खातिर अपना साथे राखीं।

अउरी जानकारी

ध्यान रहे कि सीट आवंटन प्रक्रिया 22 दिसंबर के होई अवुरी सीट आवंटन के नतीजा 23 दिसंबर 2023 के घोषित कईल जाई। एकरा संगे सीट आवंटित सभ उम्मीदवार के रिपोर्टिंग 24 दिसंबर से 31 दिसंबर 2023 ले होई।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]