[the_ad_group id="30365"]

10 जनवरी से होई इंटरमीडिएट के प्रायोगिक परीक्षा: 10 से 20 फरवरी तक होई वार्षिक एग्जाम, एडमिट कार्ड जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सत्र 2022-24 खातिर इंटरमीडिएट के प्रायोगिक परीक्षा खातिर बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के ओर से तिथि जारी कs दिहल गइल बा। बता दीं की इंटरमीडिएट के वार्षिक परीक्षा 1 फरवरी से सुरू होखे वाला बा। ओकरा पहिले प्रायोगिक परीक्षा लिहल जाई। बिहार विद्यालय परीक्षा समिति कावर से जारी तिथि के अनुसार 10 जनवरी से इंटरमीडिएट के प्रायोगिक परीक्षा लिहल जाई।

बता दीं की प्रायोगिक परीक्षा खातिर बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के वेब पोर्टल पs एडमिट कार्ड जारी कइल जा चुकल बा। सभे परिक्षार्थियन के एडमिट कार्ड जारी कइल जा चुकल बा। जहां पs विद्यालय के यूजर आईडी आ पासवर्ड से एडमिट कार्ड डाउनलोड कइल जाई।

10 से 20 फरवरी तक होई परीक्षा

प्रायोगिक परीक्षा में सामिल होखे खातिर विद्यार्थियन के अपना विद्यालय से एडमिट कार्ड प्राप्त करे के होई। बता दीं कि प्रायोगिक परीक्षा खातिर सब इंटरमीडिएट कॉलेज के बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के ओर से दिशा-निर्देश जारी कइल जा चुकल बा। 10 फरवरी से लेके 20 फरवरी के बीच में सब इंटरमीडिएट कॉलेज में प्रायोगिक परीक्षा के आयोजन कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]