[the_ad_group id="30365"]

एनई रेलवे के मिली पहिला हाईस्पीड ट्रेन वंदे भारत, काल गोरखपुर चहुँपी रेक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बहुत इंतजार के बाद आखिरकार हाई स्पीड ट्रेन वंदे भारत के रेक पूर्वोत्तर रेलवे के आवंटित हो गईल। गुरुवार के आवंटन के बाद चेन्नई कोच फैक्ट्री से रेक के गोरखपुर भेजल गईल। शनिचर के दिने एहिजा चहुँपे के संभावना बा।

एहिजा पूर्वोत्तर रेल प्रशासन तइयारी शुरू क दिहले बा। हालांकि अबे ले रूट अवुरी समय तय नईखे भईल, लेकिन प्रस्ताव के मुताबिक पहिला रूट गोरखपुर-लखनऊ (अयोध्या के माध्यम से)-प्रयागराज हो सकता। सात जुलाई के गोरखपुर में पीएम नरेंद्र मोदी के संभावित कार्यक्रम के बीच उम्मेद बा कि उ वंदे भारत के झंडा देखा सकेले। हालांकि अबे ले एकर कवनो आधिकारिक पुष्टि नईखे भईल।

शेड्यूल तय हो गइल बा

गोरखपुर से लखनऊ होत प्रयागराज ले वंदे भारत चलावे के योजना बा। प्रस्तावित कार्यक्रम के मुताबिक सप्ताह में 6 दिन चले वाला वंदे भारत दुपहरिया 3 बजे गोरखपुर से निकल के 7.20 बजे लखनऊ पहुंची। एकरा बाद लखनऊ से रवाना होके रात 10.50 बजे प्रयागराज पहुंची। दूसर ओर इ ट्रेन प्रयागराज से सबेरे 6.20 बजे निकली अवुरी सबेरे 9.50 बजे लखनऊ पहुंची। इहाँ से प्रस्थान के बाद वंदे भारत दुपहरिया 2.20 बजे गोरखपुर पहुंचिहे।

130 स्पीड ट्रैक 

गोरखपुर-लखनऊ रूट पs एबसेल्यूट सिग्नल बदलल जा रहल बा। एह रूट पs ट्रेन ऑटोमैटिक सिग्नल के जगह मिलते 110 के बजाय 130 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से चली। ट्रैक के 130 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से तेज करे के काम पछिला दु साल से चलत बा, जवन कि अब लगभग पूरा हो गईल बा।

वंदे भारत के संभावित शेड्यूल

गोरखपुर-लखनऊ-प्रयागराज 

बस्ती आगमन… सबेरे 7.56 बजे

अयोध्या आगमन…. सबेरे.. 9.10 बजे

प्रयागराज आगमन… दुपहरिया 2.25 बजे

प्रयागराज-लखनऊ-गोरखपुर 

प्रयागराज से प्रस्थान… दुपहरिया 3 बजे

लखनऊ आगमन..साँझ 6 बजे

अयोध्या आगमन…. रात 8.13 बजे

बस्ती आगमन… रात 9.30 बजे

गोरखपुर आगमन.. . रात 10.25

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]