[the_ad_group id="30365"]

Bangladesh Political Crises: बांग्लादेशी सेना के संपर्क में बा भारत, शेख हसीना के करीं मदद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारत के विदेश मंत्री एस जयशंकर मंगल के दिने एगो सर्वदलीय बइठक में नेता लोग के जानकारी दिहलन कि भारत बांग्लादेश के प्रधानमंत्री रहल शेख हसीना के आपन भविष्य के रणनीति तय करे खातिर समय दे दिहले बा जबकि उनुका के मदद के भरोसा दिहले बा. सूत्र इs जानकारी देले बाड़े। बांग्लादेश में आरक्षण विरोधी हिंसक विरोध के बीच प्रधानमंत्री हसीना के अचानक इस्तीफा अवुरी देश छोड़ला से उहाँ अराजकता के स्थिति पैदा हो गईल बा। बांग्लादेश वायुसेना के सी-130जे सैन्य विमान से हसीना सोमार के रात भारत चहुँप गइली . बतावल जाता कि उनुकर योजना लंदन जाए के बा।

भारत बांग्लादेशी सेना के संपर्क में बा

संसद भवन में राजनीतिक दल के नेता लोग के बांग्लादेश के वर्तमान स्थिति के बारे में जानकारी देत ​​जयशंकर कहले कि पड़ोसी देश में मौजूद 10 हजार से जादे भारतीय छात्र के सुरक्षा सुनिश्चित करे खातीर भारत बांग्लादेश सेना के संपर्क में बा। मुलाकात के बाद विदेश मंत्री सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘एक्स’ पs लिखले कि, “बांग्लादेश में भईल हाल के घटनाक्रम के बारे में आज संसद में भईल सर्वदलीय बैठक में जानकारी दिहल गईल। एह दौरान सब पार्टी के सर्वसम्मति से समर्थन अवुरी समन्वय के सराहना करतानी।”

कांग्रेस पार्टी सरकार के संगे बा

कांग्रेस नेता कार्ति चिदंबरम बतवले कि सर्वदलीय बैठक में सरकार बांग्लादेश के वर्तमान स्थिति के बारे में जानकारी दिहलस। उs पीटीआई से कहले कि, जहां ले ​​राष्ट्रीय सुरक्षा अवुरी राष्ट्रीय हित के सवाल बा तs कांग्रेस पार्टी पूरा तरीका से सरकार के संगे बिया। हालांकि एs बैठक में कार्ति मौजूद ना रहले। सर्वदलीय बैठक में रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, गृहमंत्री अमित शाह, लोकसभा में विपक्ष के नेता राहुल गांधी, द्रविड़ मुन्नेत्र कषगम (द्रमुक) के नेता टीआर बालू, राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी के नेता सुप्रिया सुले अवुरी बाकी वरिष्ठ नेता शामिल भईले।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]