[the_ad_group id="30365"]

अमेरिका रद्द कइलस शेख हसीना के वीजा, ब्रिटेन भी दिहलस झटका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बांग्लादेश में भारी प्रदर्शन अवुरी हिंसा के बाद शेख हसीना भारत आईल बाड़ी। सोमार के उs प्रधानमंत्री पद से इस्तीफा दे देले। फिलहाल कड़ा सुरक्षा के बीच भारत के कवनो अनजान जगह पs हसीना बाड़ी। एह सब के बीच अमेरिका शेख हसीना के बड़ झटका देले बा। जानकारी के मुताबिक अमेरिका शेख हसीना के वीजा रद्द कs देले बा। मतलब कि हसीना अब शरण लेबे खातिर अमेरिका ना जा पइहें.

अमेरिका का कहलस?

बांग्लादेश के एगो स्थानीय समाचार एजेंसी के मुताबिक, ढाका में अमेरिकी दूतावास के एगो अधिकारी एs मुद्दा पs कहले कि अमेरिकी कानून के तहत वीजा रिकॉर्ड गोपनीय बा। एहसे हमनी के अलग-अलग वीजा केस के विवरण पs चर्चा ना करेनी। हालांकि शेख हसीना के पार्टी के बहुत सदस्य अवुरी अधिकारी पs वीजा प्रतिबंध लगावल गईल बा।

ब्रिटेन भी दिहलस झटका

खबर रहे कि हसीना भारत से लंदन जाए वाली बाड़ी, बाकिर अब उs अवुरी विकल्प पs विचार करतारी। काहे कि ब्रिटेन सरकार संकेत दिहले बिया कि उनुका कवनो संभावित जांच के खिलाफ ब्रिटेन में कानूनी सुरक्षा ना मिल सके. ब्रिटेन के विदेश सचिव डेविड लैमी ने सोमवार के दिने लंदन में एगो बयान जारी कs के कहले बाड़न कि पिछला कुछ हफ्ता से बांग्लादेश में हिंसा के अभूतपूर्व स्तर आ जानमाल के दुखद नुकसान भइल बा आ देश एह घटना के पूरा आ स्वतंत्र संयुक्त राष्ट्र के नेतृत्व में जांच के आह्वान के हकदार बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]