Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बैक्टीरिया के जीन में मिलल प्राकृतिक ‘एंटीबायोटिक’

993

चिली के वैज्ञानिक लोग अंटार्कटिका में अइसन बैक्टीरिया के खोज कइले बा लो, जवना के जिन्स से ओह लो के प्राकृतिक एंटीबायोटिक आ रोग प्रतिरोधक छमता मिलल बा। ‘साइंस ऑफ द टोटल इन्वायरमेंट’ जर्नल में छपल एगो शोध में ई जानकारी दिहल गइल बा।

चिली यूनिवर्सिटी के शोधकर्ता एण्ड्रेंस मार्कोलेट बतवले कि चरम परिस्तिथियन में जिंदा रहे आला एह सुपरपावर बेक्टीरिया में मोबाइल डीएनए फ्रेगमेंट्स होला।

ई दुसर बेक्टीरिया में आसानी से ट्रान्सफर हो सकत बा। ऊ कहले कि अंटार्कटिक के माटी में अलग-अलग तरे के बेक्टीरिया पावल जाला आ ओमे कुछ में पैतृक जीन के संभावना बा, जवन एंटीबायोटिक दवा जइसन प्रतिरोधक छमता प्रदान करेला।

2017 से 2019 ले इकट्ठा कइल लो नमूना: 

वैज्ञानिक लो 2017 से 2019 ले अंटार्कटिक प्रायद्वीप से कइयन गो नमूना इकट्ठा कइल लो। शोधकर्ता लो पावल कि सयूडोमोनास बेक्टीरिया अंटार्कटिक प्रायद्वीप में प्रमुख बेक्टीरिया समूह में से एगो हs, जवन रोगजनक नइखे।

 

261120cookie-checkबैक्टीरिया के जीन में मिलल प्राकृतिक ‘एंटीबायोटिक’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.