[the_ad_group id="30365"]

बैक्टीरिया के जीन में मिलल प्राकृतिक ‘एंटीबायोटिक’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चिली के वैज्ञानिक लोग अंटार्कटिका में अइसन बैक्टीरिया के खोज कइले बा लो, जवना के जिन्स से ओह लो के प्राकृतिक एंटीबायोटिक आ रोग प्रतिरोधक छमता मिलल बा। ‘साइंस ऑफ द टोटल इन्वायरमेंट’ जर्नल में छपल एगो शोध में ई जानकारी दिहल गइल बा।

चिली यूनिवर्सिटी के शोधकर्ता एण्ड्रेंस मार्कोलेट बतवले कि चरम परिस्तिथियन में जिंदा रहे आला एह सुपरपावर बेक्टीरिया में मोबाइल डीएनए फ्रेगमेंट्स होला।

ई दुसर बेक्टीरिया में आसानी से ट्रान्सफर हो सकत बा। ऊ कहले कि अंटार्कटिक के माटी में अलग-अलग तरे के बेक्टीरिया पावल जाला आ ओमे कुछ में पैतृक जीन के संभावना बा, जवन एंटीबायोटिक दवा जइसन प्रतिरोधक छमता प्रदान करेला।

2017 से 2019 ले इकट्ठा कइल लो नमूना: 

वैज्ञानिक लो 2017 से 2019 ले अंटार्कटिक प्रायद्वीप से कइयन गो नमूना इकट्ठा कइल लो। शोधकर्ता लो पावल कि सयूडोमोनास बेक्टीरिया अंटार्कटिक प्रायद्वीप में प्रमुख बेक्टीरिया समूह में से एगो हs, जवन रोगजनक नइखे।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]