Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

डायसन के रोबोट करी घर के साफ़-सफाई

669

जल्दिये रउआ के घर पs काम करे वाला रोबोट मिले वाला बाने सब| एह पर वैक्यूम क्लीनर बनावे वाली कम्पनी डायसन काम क रहल बिया| डायसन के कहनाम बा कि घर में काम करे खातिर ऊ रोबोट बनावे वाला बिया| एके लेके कम्पनी डिजाइनो देखवलस| कम्पनी जौन फोटो देखवले बा ओमेन मशीन के फ़ाइन मोटर स्किल्स, प्लेट उठवले, सोफा के बैक्यूम करे अउरी बचवन के खेलौना उठावत देखावल गइल बा|

कम्पनी कहले बिया की एकर मकसद आटोमैटिक डिवाइस बनावल बा जौन घर के दूसरको कार क सके| खबर के अनुसार एह डिवाइस के एके 2030 ले लांच कइल जा सकsता| कम्पनी एसे पहिले डायसन 360 ई रोबोट बोक्यूम क्लीनर के साल 2014 ,में लांच कइले रहे

258890cookie-checkडायसन के रोबोट करी घर के साफ़-सफाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.