[the_ad_group id="30365"]

ओडिशा में रहस्यमयी मौत बनल सिरदर्द, एगो अउर रूसी नागरिक के लापता होखले से मचल हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ओडिशा में पुतिन विरोधी एगो रूसी सांसद समेत दू रशियन के रहस्यमयी मौत के बाद अब एगो अउर रूसी के लापता होखले के खबर आ रहल बा। एके ले के राज्य में हड़कंप मच गइल बा। ई पता नाइ चल पा रहल बा कि आखिर एह घटना के वजह का बा? एके के अंजाम दे रहल बा? अउर का ई कौनो साजिश के हिस्सा त नाइ ह?

रूसी नागरिक के लापता होखले के मामला सुक्क के ह। दरअसल, रूसी सांसद एंटोव पावेल अउर उनके एक मित्र के मौत के जांच के ले के पहिले से ही ओडिशा पुलिस मुश्किल में बा। अब ई तीसरा घटना मुसीबत अउर बढ़ा दिहले बा। एह कारण राज्य पुलिस इंटरपोल के मदद ले के ए घटना के गुत्थी सुलझावल चाहतिया। जल्दिए इंटरपोल से मदद मांगल जा सकsता। एही बीच, रूसी नागरिक द्वारा यूक्रेन जंग के लेकर पुतिन के खिलाफ ओडिशा में प्रदर्शन के भी खबर मिलल बा। एक रूसी रूसी नागरिक के हाथ में तख्ती रहल, जेपर लिखल रहे ‘यूक्रेन के खिलाफ जंग रोकल जाव।’

परोक्ष रूप से सीबीआई करी जांच

ओडिशा क्राइम ब्रांच पुलिस रायगढ़ जिला में सांसद पावेल अउर उनके मित्र के मौत के जांच में इंटरपोल से मदद लेहले पर विचार करsतिया। भारत में इंटरपोल के प्रतिनिधि संस्था सीबीआई ह, एहलिए अगर राज्य सरकार इंटरपोल के मदद लीहलस त मामला परोक्ष रूप से सीबीआई के लग्गे चल जाई। ओडिशा पुलिस कहलस कि हर दृष्टिकोण से जांच कइल जा रहल बा। रूस में पावेल के परिचित के ब्योरा मांगल गइल बा। एह जानकारियन सत्यापित करने के लिए इंटरपोल से मदद लीहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]