[the_ad_group id="30365"]

सरसों तेल, रिफाइंड आ डालडा भइल महंगा, प्रति लीटर 10 से 15 रूपिया बढ़ल दाम 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

त्योहार से ठीक पहिले सरसों के तेल, रिफाइंड आ डालदा वनस्पति के दाम बढ़ गइल बा। महज 20 दिन में एह तेल के दाम 10 से 15 रुपया प्रति लीटर बढ़ गउऽल बा। एकरा चलते एक बेर फेरु महंगाई के असर त्योहार से पहिले रसोई पs साफ-साफ देखाई देता।

ऑल इंडिया रिटेल किराना एसोसिएशन के अध्यक्ष राजेन्द्र कुमार जैन के कहनाम बा कि केंद्र सरकार खाद्य तेल पs सीमा शुल्क बढ़ा देले बिया जवना के चलते घरेलू बाजार में एकर दाम बढ़ल बा। सरसों के तेल में सीमा शुल्क बढ़े से पहिले बढ़ोतरी भइल रहे, जबकि बाकी खाद्य तेल के दाम में लगभग 10 से 15 रुपया प्रति लीटर के बढ़ोतरी भइल बा। सरकार रिफाइंड तेल पs कस्टम ड्यूटी 12.5 से बढ़ा के 32.5 प्रतिशत कऽ देले बिया। रिफाइंड आ सरसों के अलावे अउरी खाद्य तेल पs 10 से 15 रुपया प्रति लीटर-किलो के महंगाई भइल बा। एही कारण से खाद्य तेल प महंगाई भइल बा। एकरा संगे-संगे एकर कारण बरखा के चलते सोया, मूंगफली, सरसों आदि के फसल के नुकसानो कहल जा रहल बा।

तेल के दाम में एतना बढ़ोतरी

बाजार में सरसों के तेल के दाम 145 रुपया प्रति लीटर से बढ़ के 160 रुपया प्रति लीटर हो गइल बा। सोया रिफाइंड तेल के दाम 130 रुपया प्रति लीटर से बढ़ के 140 रुपया प्रति लीटर हो गइल बा। पाम रिफाइंड तेल के भाव 100 रुपया प्रति लीटर से बढ़ के 105 रुपया प्रति लीटर हो गइल बा। जहां डालडा वनस्पति तेल के दाम 130 रुपया प्रति लीटर से बढ़ के 140 रुपया प्रति लीटर हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]