Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Elon Musk: मस्क के ट्रांसजेंडर बेटी पिता के बतवली क्रूर; कहा- रिश्ता नइखी राखल चाहत, हमरा के प्रताड़ित कइलें

239
Google Ads 300*250 for posts

टेस्ला के सीईओ एलन मस्क के ट्रांसजेंडर बेटी विवियन जेना विल्सन अपना पिता के क्रूर आ निर्दयी बतवले बाड़ी। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, विवियन कहलें कि हम उनका संगे कवनो रिश्ता नइखी रखनल चाहत। दरअसल, कुछ दिन पहिले मस्क एगो इंटरव्यू में कहले रहस कि जेंडर बदलवावे के सर्जरी  उनका से बेटा बेटे के अलग कs देले रहे।

एह पs जवाब देत 20 बरिस के विवियन कहली, मस्क कहलें कि हम एगो लईकी ना हई। हम उनका खातिर मर चुकल बानी ई कहके ऊ आपन हद पार कs देलें। जदि ऊ लाखन लोगन के सामने झूठ बोलिहें तs हम एकरा के कवनो तरे से बर्दाश्त ना करेम। बता दीं कि एलन मस्क के बेटा जेवियर 2022 में आपन जेंडर बदलववले रहस।

भाई-बहिन के मां के लगे छोड़लें

एतनही ना विवियन कहलें कि एलन मस्क कबो एगो अच्छा तरे तरह बर्ताव ना कइलें। पिता के तौर पर ऊ कबो हमार साथ ना देलें। जब हमरा उनकर जरूरत रहे तs हमरा के आ हमरा भाई-बहिनन के मां के लगे छोड़ देलें । ऊ जब बो मिलल सs तs हमसे बुरा बर्ताव कर। हमेसा चिल्लाते रहस। ऊ बहुते लापरवाह रहास। उनकर ध्यान खाली खुद पs रहत रहे।उल्लेखन करे जोग बात ई  बा कि जेंडर बदलववला के बाद जेवियर ने आपन नामो बदल लेले रहस।

लईककन के तरे रहे खातिर मजबूर करस

विवियन कहली कि ऊ बचपने से एगो लईकी जइसन महसूस करत रहली। एह पs पिता मस्क उनका के कइयन बेर प्रताड़ितो कइले रहस। ऊ बेर-बेर लईकन के तरे रहे खातिर मजबूर करते रहलें। विवियन बतवली कि एक बेर हमनी के रोड ट्रिप पs गइल रहनी सs। बाद में पता चलल कि ऊ मस्क के कार के विज्ञापन रहे। ऊ पूरा समय हमनी पs चिल्लात रहस।

908440cookie-checkElon Musk: मस्क के ट्रांसजेंडर बेटी पिता के बतवली क्रूर; कहा- रिश्ता नइखी राखल चाहत, हमरा के प्रताड़ित कइलें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.