[the_ad_group id="30365"]

मुंबई के व्यापारी हड़पलस भाजपा सांसद रवि किशन के सवा तीन करोड़ रुपया, जांच भइल शुरू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शहर लोकसभा क्षेत्र से भाजपा सांसद अउरी फिल्म अभिनेता रवि किशन शुक्ला के 3.25 करोड़ रुपया मुंबई के व्यापारी हड़प लिहले बा। आरोप बा कि सांसद दस बरिस पहिले व्यापारी के रुपया उधार दिहले रहनें। व्यापारी पर रुपया लौटवले के दबाव बनवलें त उ चेक थमा दिहलस जौन कि बाउंस हो गइल। सांसद की शिकायत पर कैंट पुलिस मुंबई के व्यापारी जैन जितेंद्र रमेश के खिलाफ रुपया हड़पले के केस दर्ज कs लेहले बा। मामिला के जांच कइल जा रहल बा।

सांसद रवि किशन पुलिस अधिकारियन के दिहल प्रार्थना पत्र में लिखले बानें कि वर्ष 2012 में ईस्ट मुंबई के कमला पाली बिल्डिंग निवासी जैन जितेंद्र रमेश के 3.25 करोड़ रुपया दिहले रहलें। जब रुपया वापस मंगलें त उ आनाकानी करे लागल। दबाव बनावल गइल त 34-34 लाख रुपया के 12 चेक दे देहलस। ई चेक मुंबई के विले पार्ले, पीएम रोड स्थित टीजेएचडी सहकारी बैंक लिमिटेड के रहल।

सात दिसंबर 2021 के 34 लाख रुपया के चेक एसबीआई की बैंक रोड स्थित शाखा में जमा करावल गइल लेकिन बैंक खाता में रुपया नाइ आइल। 16 फरवरी 2022 के बैंक के अधिकारी लोग पत्र लिख के बतावल कि जौने बैंक खाता के चेक दिहल गइल, ओमें रुपया ही नाइ बा। लिहाजा, चेक बाउंस हो गइल। एह सिलसिला में व्यापारी जैन जितेंद्र रमेश से बात भी कइल गइल, लेकिन कौनो संतोषजनक जवाब नाइ मिलल।

प्रभारी निरीक्षक थाना कैंट शशिभूषण राय बतवलें कि तहरीर के आधार के आधार पर केस दर्ज कर जांच कइल जा रहल बा। जांच अउरी साक्ष्यन के आधार पर आगे के कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]