[the_ad_group id="30365"]

शहीद भगत सिंह के नाम पर रखाई चंडीगढ़ एयरपोर्ट के नाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पीएम मोदी 28 सितम्बर के भगत सिंह के जयंती के जिक्र करत कहलें कि अमृत महोत्सव के एगो विशेष दिन आ रहल बा। एह दिन हम भारत मां के वीर सपूत भगत सिंह जी के जयंती मनावल जाई अउरी एह बार उनके श्रद्धांजलि स्वरुप एगो महत्वपूर्ण निर्णय लिहल गइल बा। ई तय कइल गइल बा कि चंडीगढ़ एयरपोर्ट के नाम अब शहीद भगत सिंह जी के नाम पर रखल जाई। ई लमहर समय से अगोरल जात रहल ह।

उ कहलें कि हमनी के अपने स्वतंत्रता सेनानियन से प्रेरणा लेईं जा, उनके आदर्श पर चलत उनके सपना के भारत बनाईं जा, इहे उनके प्रति हमनीके श्रद्धांजलि होई। शहीदन के स्मारक, उनके नाम पर स्थान अउरी संस्थान के नाम हमें कर्तव्य खातिर प्रेरणा देलें। अभिन कुछ दिन पहिलही देश कर्तव्यपथ पर नेताजी सुभाषचन्द्र बोस के मूर्ति के स्थापना के जरिये भी अइसने एगो प्रयास कइले बा अउरी अब शहीद भगत सिंह के नाम से चंडीगढ़ एयरपोर्ट के नाम एह दिशा में एगो अउरी कदम ह।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]