[the_ad_group id="30365"]

मुलायम सिंह यादव के हालत भइल स्थिर: आईसीयू में भर्ती नेताजी के देखरेख में जुटल डॉक्टरन के टीम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री अउर सपा संरक्षक मुलायम सिंह यादव के तबीयत स्थिर बा। उ वेंटिलेटर पर बानें। बुध के गुरुग्राम के मेदांता अस्पताल उनकर हेल्थ बुलेटिन जारी कइलें। बुध के देर साँझ राष्ट्रीय जनता दल (राजद) अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव अउर बिहार के उप-मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव सपा संरक्षक के हाल जाने गुरुग्राम स्थित मेदांता अस्पताल पहुंचलें। इहां उ मुलायम सिंह के साथ-साथ हरियाणा के पूर्व सीएम ओपी चौटाला के भी हाल जनलें।
बुखार अउर पेट में संक्रमण के शिकायत के बाद चौटाला के मंगलवार के रात मेदांता में भर्ती करावल गइल रहे। राजद के राष्ट्रीय अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव मुलायम सिंह यादव के हाल जनले के बाद कहलें कि नेता जी के स्वास्थ्य में सुधार हो रहल बा। हम लोग ईश्वर से प्रार्थना करतनी जा कि ऊ जल्दी निरोग हो जाएं।
बिहार के उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव मेदांता अस्पताल में भर्ती यूपी के पूर्व सीएम मुलायम सिंह के हालचाल जाने गइल रहलें। तेजस्वी कहलें कि उनके स्वास्थ्य में कुछ सुधार बा। उ सीसीयू में बानें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]