Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

केसीआर काल्ह दुपहरिया 1:19 बजे लॉन्च कइलें आपन नाया राष्ट्रीय पार्टी, एह समय के पीछे छुपाल बा कवन राज?

477

तेलंगाना के मुख्यमंत्री आ तेलंगाना राष्ट्र समिति के अध्यक्ष के चंद्रशेखर राव आपन नाया पार्टी के आज लॉन्च क देले। केसीआर के कहनाम बा कि टीआरएस के उद्देश्य अलग तेलंगाना राज्य के गठन आ ओकरा के अलग-अलग क्षेत्रन में विकास आ कल्याण कार्यक्रमन में देश में नंबर 1 राज्य बनावे के संगे हासिल कइल गइल रहे

रउआ सभे के बता दीं कि एह मवका प पार्टी कार्यकर्ता लोग पटाखा फोड़ल आ ‘देश के नेता केसीआर’ के नारा लगावल लो।

केसीआर अपना नाया पार्टी के नाम भारत राष्ट्र समिति रखले बाड़े। तेलंगाना भवन में बुध के दुपहरिया 1.19 बजे भइल पार्टी के आम सभा के बैठक में सर्वसम्मति से प्रस्ताव पारित भइल। पंडित लोग उनका के एही शुभ मुहूर्त के सलाह देले रहे लो।

काल्ह सबेरही ऊ महासभा के बैठक कइले। एह बैठक में जनता दल (सेक्युलर) के नेता आ कर्नाटक के पूर्व मुख्यमंत्री एचडी कुमारस्वामी भाग लेले रहस। अतवार के मुख्यमंत्री केसीआर अपना  कैबिनेट सहयोगियन आ पार्टी के सबे 33 जिलाध्यक्षन के संगे एगो मीटिंग कइले। कहल जात बा कि केसीआर उनका साथे राष्ट्रीय पार्टी के शुभारंभ के रोडमैप प चर्चा कइले रहस।

पटना में कइले रहस लालू-नीतीश से मुलाकात

केसीआर ए घरी खुद के मिशन 2024 खातिर झोंक देले बाड़े। हाल के महीना में ऊ खुद के एगो राष्ट्रीय खिलाड़ी के रूप में स्थापित करे खातिर आ भाजपा विरोधी नेता लो से मिले खातिर कइयन गो राज्यन के दौरा कइले रहस । हाले में ऊ बिहार के राजधानी पटना में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ राष्ट्रीय जनता दल (RJD) सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव से मुलाकात कइले रहले आ 2024 के तइयारियनके लेके बात कइले रहस।

बीजेपी आ कांग्रेस दुनूये के खिलाफ केसीआर

रउआ सभे के बता दीं कि केसीआर 2018 से ही राष्ट्रीय राजनीति में उतरे के महत्वकांक्षा मन में दबवले बइठल रहस। ऊ कइयन मवकन पs कह चुकल बाड़े कि भाजपा आ कांग्रेस दुनो देश के विफल कर चुकल बा। केसीआर कइयन गो मवकन प अपना राष्ट्रीय पार्टी के गठन के बात कहले रहस।

भाजपा हमलावर

भाजपा तेलंगाना के प्रवक्ता एनवी सुभाष कहले कि राष्ट्रीय राजनीति में प्रवेश केसीआर द्वारा उनका सरकार के विफलता के दूर करे के एगो रणनीति ह। ऊ कहले, “नाया पार्टी खातिर 100 करोड़ रुपिया के 12 सीट वाला विमान खरीदल गइल रहे। ई एह बात के एगो प्रसिद्ध उदाहरण ह कि कइसे जनता के पईसा चुरावल गइल बा। एकरा के भाजपा बर्दाश्त ना करी।”

केसीआर के नाया राष्ट्रीय पार्टी मुनुगोड़े उपचुनाव लड़ सकत बा। एकरा अलावे गुजरात, महाराष्ट्र, कर्नाटक आ दिल्ली में विधानसभा चुनाव लड़ला के संभावना बा।

केसीआर के राष्ट्रीय योजना के मजाक उड़ावत पर्यटन मंत्री जी किशन रेड्डी कहले, “पार्टियन के आवे आ लुप्त होखला में कुछूओ नया नइखें। केसीआर एक बार कहले रहस कि सर्वनाश आवे वाला बा।”

हैदराबाद में बैठक के बाद केसीआर द्वारा अपना पार्टी के एजेंडा के खुलासा करे के उम्मीद बा। संसद आ विधानसभा के निर्वाचित सदस्य, विधान परिषद के सदस्य, जिला परिषद अध्यक्ष, महापौर आ नगरपालिका अध्यक्ष के भाग लेवे के उम्मीद बा।

पार्टी कार के आपन चुनाव चिन्ह आ अपना गुलाबी रंग के बरकरार रखल चाहत बिया।

केसीआर पार्टी नेता लो कहले बाड़े कि उनका पार्टी के राजनीतिक प्रभाव के बढ़ावे खातिर पिछला आठ बरिसन के तेलंगाना में “बहुते सफल” कल्याण योजना के बारे में बात करे खातिर अलग-अलग राज्यन के दौरा करे के चाहीं।

347880cookie-checkकेसीआर काल्ह दुपहरिया 1:19 बजे लॉन्च कइलें आपन नाया राष्ट्रीय पार्टी, एह समय के पीछे छुपाल बा कवन राज?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.