Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

Anurag Ranjan
  1. बिहार: नीतीश कैबिनेट के विस्तार आज: सबसे जादे 16 मंत्री RJD से, JDU से 11, कांग्रेस 2, हम आ एगो निर्दलीय के मिली जगे।
  2. बिहार: का NDA में सामिल होइहे चिराग, नीतीश पs बोलले- मुख्यमंत्री लर कुर्सी के मजाक बना देले, मनले BJP से भइल पार्टी के नुकसान।
  3. उत्तर प्रदेश: मैनपुरी में बड़ हादसा, मकान में घुसल अनियंत्रित ट्रक, दंपति सहित चार के मौत, 5 घायल।
  4. उत्तर प्रदेश: पूर्व पीएम आ भारत रत्न अटल बिहारी बाजपेयी के पुण्यतिथि आज, CM योगी आदित्यनाथ देले श्रद्धांजलि।
  5. झारखंड: झारखंड में 2176 शिक्षकन के जल्दिये होई बहाली, CM हेमंत सोरेन कइले घोषणा, राज्य के नवहन खातिर 15 नवंबर से सीएम-सारथी योजना होई सुरु।
  6. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी स्वतंत्रता दिवस पs लालकिला से फहरवले तिरंगा, देश के सोझा रखले 5 गो संकल्प: विकसित भारत बनावल, गुलामी से मुक्ति शक्ति, विरासत पs गर्व कइल, एकता आ एकजुटता, नागिरकन के कर्तव्य।
  7. अंतरिक्ष से समुद्र के गहराई तक लहरल तिरंगा, 75 चोटियन पs एक संगे फहरल।
  8. नूपुर शर्मा के जान पs खतरा बढ़ल अल-कायदा अपना मैगजीन में बदला लेवे खातिर उकसवलस।
  9. 10 राज्यन में भारी बारिश के अलर्ट: MP में 24 घण्टा से हो रहल बा तेज बारिश, दिल्ली, हिमाचल, बिहार, राजस्थान, झारखंड आ कर्नाटक समेत कइयन गो राज्यन में बारिश के चेतावनी।
  10. फीफा ऑल इंडिया फुटबॉल फेडरेशन के कइलस सस्पेंड: अक्टूबर में होखे वाला अंडर-17 विमेन वर्ल्ड कप टलल, फीफा मेजबानी छीने के चेतावनी देलस।
Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।