Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर
- बिहार: अब सितंबर में लिहल जाई 67 वां बीपीएससी PT परीक्षा, आयोग पहिले अगस्त में परीक्षा लेवे के बात कहले रहे, तइयारी पूरा ना होखला के वजे से लिहल गइल फसिला।
- बिहार: लोजपा सांसद बोलली- हम NDA में बानी आ NDA में रहेम, वैशाली में तिरंगा यात्रा में सामिल ना होखला पs कहली- हमरा के बोलावले ना गइल।
- उत्तर प्रदेश: ताजमहल पs उमड़ल भीड़ के चलते ध्वस्त भइल बेवस्था, प्रवेश खातिर धक्का मुक्की में दब गइले सs बच्चा। 70,000 पर्यटक पहुंचल रहले।
- उत्तर प्रदेश: आतंकी सबाउद्दीन के मिलल ISIS आ ISI कनेक्शन, सोशल मिडिया से लेले रहे दहशत फइलावे के ट्रैनिंग, विदेश भागे के तइयारी में रहे।
- झारखंड: आईआईटी आईएसएम के दीक्षांत समारोह, राज्यपाल बोलले- छात्रन में जॉब क्रियेटर बने के क्षमता, गांवन के समस्यो हल करे लो।
- श्रीलंका के बंदरगाह से भारत पs नजर राखी चीन के जासूसी जहाज, डाली हम्बनटोटा बन्दरगाह पs 6 दिन डेरा, 750 किमी के बातचीत सुन सकेला वांग-5।
- जम्मू में दुनिया के सबसे ऊंच पुल तइयार: इंजीनियरिंग के बावे अदुभुत नमूना, 1.3 किलोमीटर लमहर आ 359 मीटर बावे ऊंच, 28000 करोड़ के लागत से बनल बा।
- UP के सीएम योगी आदित्यनाथ के बम से उड़ावे के धमकी भरल लेटर मिलल, हिंदूवादी नेता देवेंद्र तिवारी के मिलल बा अइसने दोसर लेटर।
- जियो के सस्ता 5G फ़ोन जल्दिये, 12 हजार रुपिया से कम होई कीमत।
- एशिया कप में आज ले ना भइल भारत पाक फाइनल: 38 साल में 14 बेर भइल टूर्नामेंट के आयोजन, 7 खिताब के संगे टीम इंडिया बिया सबसे आगे।
Comments are closed.