Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

Anurag Ranjan
  1. बिहार: ऑपरेशन बुलडोजर, दिन में नेपाली नगर के 50 एकड़ जमीन खाली, अब जमीन के घेराबंदी में लिही आवास बोर्ड।
  2. बिहार: बिहार में पर्यटन विभाग खोली रेस्टोरेंट आ ढाबा, मिली 160 तरे के सुविधा।
  3. उत्तर प्रदेश: प्रयागराज में इलाहाबाद यूनिवर्सिटी के छात्र नेता निर्भय द्विवेदी पs बम से हमला, 5 घायल, एगो हमलावर गिरफ्तार।
  4. उत्तर प्रदेश: UPSSSC भर्ती- खुशखबरी, यूपी में जल्दिये सुरु होखे वाला बा 18000 पदन पs भरती।
  5. झारखंड: राष्ट्रपति चुनाव- शिबु-हेमंत से समर्थन मांगे पहुंचली द्रौपदी मुर्मू, बन्द कमरा में आधा घण्टा भइल बात, राष्ट्रपति चुनाव में टूटल दलीय सीमा।
  6. उपराष्ट्रपति चुनाव: आज से नांमाकन दाखिल करे के प्रक्रिया होई सुरु।
  7. अमेरिका के फ्रीडम डे परेड में फायरिंग, 6 के मौत, 31 घायल।
  8. प्रधानमंत्री मोदी के सुरक्षा में सेंध, हेलिकॉप्टर के सोझा उड़ल करिया गुब्बारा।
  9. होटल-रेस्टोरेंट अब ना वसूल सकी सर्विस चार्ज, सेंट्रल कंज्यूमर प्रोटेक्शन अथॉरिटी लगवलस रोक।
  10. इंग्लैंड जीत से 119 रन दूर: पांचवा टेस्ट में भारत के खिलाफ इतिहास रचे के करीब इंग्लिश टीम, भारत के खिलाफ टूट सकेला 45 साल पुरान रिकॉर्ड।
Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।