Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

388
  1. बिहार: पटना हाईकोर्ट नेपाली नगर में जिला प्रशासन के कार्रवाई पs रोक लगवलस, बुध के होई सुनवाई। कोर्ट आवास बोर्ड के एमडी आ राज्य सरकार से बुध तक जबाब मंगलस। गिरफ्तार लोगन के रिहा करे के आदेश।
  2. बिहार: बिहार के पूर्व मंत्री नरेंद्र सिंह के निधन, CM नीतीश कुमार बतवले व्यक्तिगत क्षति।
  3. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी केस- श्रृंगार गौरी प्रकरण में मुश्लिम पक्ष ना राख सकल पूरा दलील, अब 12 जुलाई के होई सुनवाई।
  4. उत्तर प्रदेश: योगी 2.0 सरकार- मुख्यमंत्री योगी रखलें रिपोर्ट कार्ड- बोलले, सेवा, सुरक्षा, आ सुशासन खातिर रहल 100 दिन।
  5. झारखंड: द्रौपदी मुर्मू पहुंचली CM आवास, राष्ट्रपति चुनाव खातिर मंगिहे समर्थन। शिबु सोरेन आ सीएम हेमन्त सोरेन से मुलाकात में अपना पक्ष में वोट करे के समर्थन के करिहें निहोरा।
  6. प्रधानमंत्री के सुरक्षा में सेंध: विजयवाड़ा में कांग्रेस कार्यकर्ता हेलीकॉप्टर के सोझा छोड़ले करिया गुब्बारा, 3 गिरफ्तार।
  7. महाराष्ट्र फ्लोर टेस्ट में गुंजल ED-ED के नारा: सदन में फड़नवीस बोलले- हs अब ED सरकार, एकनाथ आ देवेंद्र बनवले बा लो।
  8. कन्हैया के हत्यारन के बिदेस भागे के रहे: पीछा कs रहल पुलिस के लगे बंदूक ना खाली डंडा रहे, पत्थर से डेरवा के रोकल गइल।
  9. नौसेना में महिला लोगन के अग्निपथ: अग्निवीर बने खातिर 3 दिन में 10 हजार महिला लो करावल रजिस्ट्रेशन, ऑनलाइन आवेदन 15 जुलाई से सुरु होई।
  10. भारत-इंग्लैंड पांचवा टेस्ट- इंग्लैंड के 378 रन के टारगेट, भारत के दूसरका पारी 245 रन पs सिमटल, पुजारा-पन्त के पचासा।
286110cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.