Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

82
सीवान इन्शुरेंस 720 90
  1. बिहार: औरंगाबाद में बारातियन से भरल कार नदी में गिरल, झारखंड के पांच लोग के मौत, दु गो हालत गंभीर।
  2. बिहार: विश्वश्वरैया भवन में अगलगी के आयुक्त आ फोरेंसिक टीम कइलस जांच, जर गइल विभाग के 60 प्रतिशत कागजात।
  3. उत्तर प्रदेश: लोकसभा चुनाव 2024 में वापसी ला मंथन में जुटल कांग्रेस, भाजपा में बदलाव के प्रतीक्षा, जल्दी हो सकत बा नाया प्रदेश अध्यक्ष के घोषणा।
  4. उत्तर प्रदेश: डिप्टी सीएम ब्रजेश पाठक के सख्त निर्देश, मरीजन के अस्पताल से मिलल दवा; बाहर के दवा ना लिखे लो डॉक्टर।
  5. झारखंड: पूजा सिंघल मोट रकम नेता लो के लगे तक पहुंचवली, खनन अफसरन के रस्ता नेता तक पहुंचल ईडी। JSMDC के कर्मी रडार पs।
  6. गरमी से राहत के सुरुआत, अंडमान-निकोबार द्वीप समूह में मानसून के पहिलका बरखा।
  7. वाराणसी के ज्ञानवापी मस्जिद में चल रहल सर्वे आ वीडियोग्राफी दुसरको दिने रही जारी।
  8. दुबारा कांग्रेस अध्यक्ष बन सकत बाड़े राहुल, देश भर में जतरा के सलाह।
  9. माणिक साहा त्रिपुरा के नाया सीएम होईहे, फसीला से नाराज मंत्री तुरले कुरसी।
  10. आईपीएल: कोलकाता के हैदराबाद 54 रन से हरवलस, प्ले ऑफ के उमेद कायम।

251390cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.