सांझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: May 16, 2022

बिहार: बेतिया में संपत्ति के लेके विधवा बेटी के बंधक बना के जहर पियवलस, लखीसराय में कुख्यात नक्सली सुनील मंडल के पुलिस दबोचलस। बिहार: अनिल हेगड़े के राज्यसभा भेजी जदयू, राज्यसभा उपचुनाव ला उम्मीदवार के

Share

  1. बिहार: बेतिया में संपत्ति के लेके विधवा बेटी के बंधक बना के जहर पियवलस, लखीसराय में कुख्यात नक्सली सुनील मंडल के पुलिस दबोचलस।
  2. बिहार: अनिल हेगड़े के राज्यसभा भेजी जदयू, राज्यसभा उपचुनाव ला उम्मीदवार के ऐलन।
  3. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी सर्वे, जितेंद्र सिंह बिसेन के दावा – कमीशन के कार्यवाही के दौरान मिलल 12.5 फूट के शिवलिंग।
  4. उत्तर प्रदेश: प्रदेश में कोविड टीका के 32 करोड़ से बेसी डोज लागल, 11 करोड़ से जादे टेस्ट भइल।
  5. झारखंड: जमशेदपुर में आफत के बरखा, व्रजपात से मजदूर के मौत, कदमा सोनारी लिंक रोड पs एयरपोर्ट के देवाल गिरल।
  6. बुद्ध पूर्णिमा के अवसर पs गौतम बुद्ध के जन्मस्थली लुंबनी पहुंचले पीएम मोदी, महामाया देवी मंदिर में नेपाली पीएम संगे पूजा अर्चना कइले।
  7. तानाशाह के कोराेना से डर, 50 मौत के बाद किम के सेना के आदेश, दवाई पहुंचावे में जूट जा लो।
  8. बुलडोजर ड्राइव पs केजरीवाल के बीजेपी पs वार, कहले 80 % दिल्ली अवैध बा, एकरा के तूरल गइल तs आजाद भारत के सबसे बड़ तबाही होई।
  9. फियादिन हमला के दहशत: चीनी प्रोफ़ेसर पाकिस्तान छोड़ल लो। देश में चीनी भाषा सिखावे आला संस्थान बन होखे के खतरा
  10. आईपीएल: पंजाब आ दिल्ली के बीचे डीवाई पाटिल स्टेडियम में मुकाबला आज।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.