- बिहार: बिहार नगरीय निकाय चुनाव स्थगित: हाईकोर्ट के आदेश के बाद राज्य निर्वाचन आयोग लेलस फसीला, दुनो चरण के चुनाव ना होई। हाईकोर्ट कहलस- बिहार सरकार आ राज्य निर्वाचन आयोग पिछड़न के आरक्षण के ममिला में SC के फसीला के पालन ना कइलस। नया सिरा से नोटिफिकेशन जारी क के ईबीसी के पद के जेनरल करे के बा हाईकोर्ट के आदेश।
- बिहार: प्रशान्त किशोर के जवाब- राजनीतिक दलाल ना हई; JDU कहलस- PK BJP के एजेंडा प, BJP बोलल- नीतीश से का डील भइल रहे। जदयू प्रदेश अध्यक्ष ललन सिंह उठवले रहस पीके के पदयात्रा प सवाल।
- उत्तर प्रदेश: गोरक्षपीठाधीश्वर आ सीएम योगी आदित्यनाथ बोललें- हर युग में राम आ रावण, समाज के खोखला बना रहल बा राक्षसी प्रवृत्ति। रामलीला मैदान में बोलत कहले- विजयादशमी के परब सनातन हिंदु धर्म के सदैव सत्य न्याय आ धर्म के पथ प चले के प्रेरणा देला।
- उत्तर प्रदेश: देवरिया में बड़ हादसा, नो इंट्री में घुसल ट्रक मेला देखे आइल लइकियन के रउदलस- दु के मौत। हादसा के बाद चालक फरार हो गइल जबकि खलासी के पुलिस हिरासत में ले लेलस।
- झारखंड: भारत आ नेपाल में वेटिकन के राजदूत लियोपोल्दो जेरिल्ली पहुंचले रांची। लातेहार के महुआडांड में सबेरे 9 बजे से बा कैथोलिक युवा सम्मेलन 2022 में शामिल होखे के कार्यक्रम।
- उत्तराखंड में बस 500 मीटर गहिराह खाई में गिरल: 25 के मौत, बस में 50 बाराती सवार रहे लो, लोग मोबाइल के फ्लैशलाइट से शव खोजल। बस बारातियन के लेके हरिद्वार के लालढांग से काड़ागांव जात रहे। देर रात तक 9 लोगन के रेस्क्यू कइल गइल।
- एलेन आस्पेक्ट, जॉन क्लॉसर आ एंटन जेलिंगर के नावे फिजिक्स के नोबेल पुरस्कार। ई पुरस्कार क्वांटम इन्फॉर्मेशन आ फोटोन्स प रिसर्च खातिर दिहल जाई। सोमार के भइल रहे मेडिसिन के क्षेत्र में स्वीडन के सावन्ते पाबो के नाव के ऐलान। शांति पुरस्कार के घोषणा 7 के।
- शाहबाज शरीफ के खुलासा: दुनिया के कइयन नेता लोग हमरा से कहल- इमरान झूठा, अख्खड़ आ खुद के सबसे बड़ लीडर समझेले। शरीफ बोलले- एमे कवनो दु राय नइखे कि इमरान से बड़ झूठा एह धरती प दोसर केहू नइखे।
- जम्मू कश्मीर के शोपियां में सुरक्षाबलन आ आतंकियन के बीचे मुठभेड़, जैश के तीन आतंकी ढ़ेर। मारल गइल आतंकी हनान बिन याकूब आ जमशेद पुलवामा के एसपीओ जावेद डार आ पुलवामा में 24 सितंबर के पश्चिम बंगाल के एगो मजदूर के हत्या में शामिल रहले स।
- तीसरा टी 20 में 49 रन से हारल भारत: राइली रूसो 48 बॉल में बनवले 100 रन, सीरीज 2-1 से इंडिया के नावे। रोहित शर्मा आ सूर्यकुमार यादव के जल्दी आउट होखला से चेस प पड़ल असर, कार्तिक आ दीपक चाहर के बढ़िया बल्लेबाजी।
Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।