Morning Updates: भोर के10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: दुर्गा पुजा में राजद के इयाद आ रहल बा महाभारत; पोस्टर में लालू प्रसाद के बनवलस विष्णु, तेजस्वी बनले सारथी कृष्ण त नीतीश के अर्जुन बनवाल गइल। कृष्ण बनल तेजस्वी के ललकार- लालटेन के रोशनी में एक-एक तीर सही निशाना प लगावs पार्थ। पोस्टर पटना में राजद कार्यालय के बाहर लगावल गइल बा।
  2. बिहार: बगहा के जवना गांव में मेला… उहवें बाघ के मूवमेंट: वन विभाग के टीम तैनात, बाप-बेटा बाघ के सीमा विवाद के बीचे जा रहल बा लोगन के जान, 23 दिन से पकड़ से दूर। 9 महीना में 6 लोग के शिकार बनवलस, 5 के मौत।
  3. उत्तर प्रदेश: उत्तर प्रदेश के राज्यपाल आनंदी बेन पटेल आ मुख्यमंत्री योगी प्रदेश के लोगन के विजयादशमी के सुभकामना दिहल लो। अधर्म प धर्म, बुराई प अच्छाई आ असत्य प सत्य के वियज के प्रतीक पर्व बतवले सीएम योगी।
  4. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर में मिलल स्वाइन फ्लू के पहिला मरीज:  BRD के डॉक्टर निकलले पहिला संक्रमित, 7 दिन से बोखार रहे। डेंगू-मलेरिया के रिपोर्ट निगेटिव रहे।
  5. झारखंड: टाटानगर से पटना तक चली तेजस, 7 घंटा में पूरा करी सफर: सेमी हाई स्पीड तेजस अभी मुंबई दिल्ली आ आउर मार्गन प चल रहल बा।
  6. नोबेल पुरस्कारन के ऐलान सुरू: मेडिसिन खातिर स्वीडन के सावन्ते पाबो के मिलल पुरस्कार, उनका ई पुरस्कार जीनोम आ मानव विकास से संबंधित रिसर्च खातिर मिलल बा। 7 अक्तूबर के शांति के नोबेल पुरस्कार के होई घोषणा।
  7. भारत में घुसल ईरानी विमान में बम के सूचना: सुखोई फाइटर जेट सुरक्षित सीमा से बाहर छोड़लस। भारत के एयरस्पेस में दु घंटा रहल विमान। भारत सरकार दिल्ली आ जयपुर में लैंडिंग के ना देले रहे अनुमति। ईरान से उड़ल विमान पाकिस्तान के रस्ता भारत में दाखिल भइल रहे।
  8. JEE पेपर लीक ममिला में रूसी नागरिक हिरासत में: दिल्ली एयरपोर्ट से पकड़ल गइल, 2021 में भइल परीक्षा के दौरान सॉफ्टवेयर हैकिंग के बा आरोप। कजाकिस्तान से भारत आवत घरी भइल गिरफ्तारी, सीबीआई के हवाले कइल गइल।
  9. भारत के मिलल स्वदेशी लड़ाकू हेलीकाप्टर, हर मिनट 750 गोली दागेला: एह स्वदेशी लाइट कॉम्बेट हेलीकाप्टर (LHC) के कैनन से हर मिनट 750 गोली दागल जा सकेला। रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह देले प्रचंड नाम।
  10. जसप्रीत बुमराह टी-20 वर्ल्ड कप से बाहर, BCCI के मेडिकल टीम लेलस फसीला: स्कैन रिपोर्ट अइला के बाद बोर्ड के मेडिकल टीम बुमराह के बाहर होखला के पुष्टि कइलस, फीट होखे  में 4 से 6 महीना तक लाग सकेला। रिप्लेसमेंट के जल्दिये होई घोषणा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-