Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर
- बिहार: बिहार के बाहर बियाहल बेटियन के मिली आरक्षण: पति ना पिता के पता बनी निवास प्रमाण के आधार, 29 % बेटियन के फायदा।
- बिहार: मणिपुर में सीएम नीतीश कुमार के पार्टी JDU में बगावत, 06 में से 05 विधायक भाजपा में शामिल, पार्टी के NDA गठबंधन छोड़े के फसीला से बा लो नाराज।
- उत्तर प्रदेश: पूर्व कैबिनेट मंत्री रामवीर उपाध्याय के निधन, बसपा सुप्रीमो मायावती के करीबी रहलें, आगरा में अपना आवास पs लेले अंतिम सांस।
- उत्तर प्रदेश: आज प्रयागराज में रहिहें डिप्टी सीएम केशव प्रसाद मौर्य: भाजपा पदाधिकारियन, उधमियन आ जिला के अफसरन संगे करिहें बैठक
- झारखंड: झारखंड सरकार के बहुमत रायपुर में सुरक्षित, 5 सितंबर के रायपुर से सीधे विधानसभा पहुंची लो झारखंड के 31 विधायक।
- दिसंबर 2023 तक युद्ध ना कर सकी आईएनएस विक्रांत: लड़ाकू विमानन के उड़ान आ लैंडिंग के ट्रायल बाकी, मिग-29 बढ़वलस टेंशन।
- तीस्ता सीतलवाड़ के सुप्रीम कोर्ट से जमानत, रेगुलर बेल मिले तक पासपोर्ट सरेंडर करे के होई। जांच आ पूछताछ में करे के होई सहजोग।
- बम ब्लास्ट में तालिबान के मुल्ला मुजीब के मौत, तालिबान के सबसे क्रूर नेतन में एगो रहे।
- भारतीय मूल के लक्ष्मण नरसिम्हन बनले स्टारबक्स के नया CEO, अगिला साल संभरिहे कमान।
- एशिया कप में भारत पाकिस्तान: दोबारा मैच भइल तय, 4 सितंबर के होई ब्लॉकबस्टर हीट मुकाबला, पाकिस्तान के लगातार पांचवां बेर हरावे उतरी टीम इंडिया।
Comments are closed.