- बिहार: RCP सिंह जल्दिये BJP में होइहें, शुभ मुहूर्त के इंतेजार, 2 दिन से दिल्ली में डलले डेरा, बड़ नेता लोगन से करिहें मुलाकात।
- बिहार: भारत से नेपाल में पेट्रोल-डीजल के तस्करी, बिहार के बॉर्डर से रोज 2 लाख लीटर पेट्रोल डीजल जात बा नेपाल; 200 पेट्रोल पंप से ढुलाई
- उत्तर प्रदेश: खुद के आग लगाके भाजपा प्रदेश कार्यालय में घुसल जुवक, गंभीर हालात में सिविल में भरती।
- उत्तर प्रदेश: सीएम योगी के आज गाजियाबाद आ बुलन्दशहर के दौरा, विकास परियोजनन के करिहें समीक्षा।
- झारखंड: सोरेन के विधायकी पs आज जारी होई नोटिफिकेशन: रातभर विधायकन के भइल काउंटिंग, BJP के दावा- CM के खिलाफ दर्ज हो सकत बा केस।
- नीरज चोपड़ा लुसाने डायमंड लीग में जीत दर्ज कइलें: ई खिताब जीते वाला पहिला भारतीय, वर्ल्ड चैंपियनशिप में सिल्वर जितवले रहस।
- कोरोना के बाद बदलल सर्दी के लक्षण: अब सामान्य सर्दी-बुखार में सांस के तकलीफ बेसी, IGIMS में एक दिन में 200 मरीज।
- कुतुब मीनार से ऊंच नोयडा के ट्वीन टावर काल्ह टुटी, 3700 किलो बारूद भरल गइल, लोगन के आपन घर बचावे के फिक्र।
- FIFA भारतीय फुटबॉल महासंघ से बैन हटवलस: अंडर-17 विमेंस वर्ल्ड कप के मेजबानी के रास्ता साफ, 11 अक्टूबर से सुरु होई टूर्नामेंट।
- एशिया कप के आगाज आज से: 6 टीम 15 दिन में खेली 13 गो मुकाबला, 11 सितंबर के फाइनल, बिहान भारत-पाकिस्तान के महामुकाबला।
Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।