[the_ad_group id="30365"]

Hemant Soren Disqualified: हेमंत सोरेन के  विधानसभा के सदस्यता रद्द, निर्वाचन आयोग जारी करी अधिसूचना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Hemant Soren Disqualified: झारखंड के मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन (Jharkhand CM Hemant Soren) के ऑफिस ऑफ प्रॉफिट (Office of Profit) ममिला में निर्वाचन आयोग के बाद राज्यपालो आपन फसीला सुना देले बाड़े। बरहेट विधानसभा सीट से झामुमो के विधायक हेमंत सोरेन (Hemant Soren JMM) के विधानसभा के सदस्यता रद्द कs दिहल गइल बा। राज्यपाल सनीचर (27 अगस्त 2022) के एकर जानकारी निर्वाचन आयोग (Election Commission of India) के दिहें। एकरा बाद चुनाव आयोग एकर अधिसूचना जारी करी।

दु दिन से चलत रहे राजनीतिक गहमागहमी

मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन पs पद के गलत इस्तेमाल कs के अपना नाम से खनन लीज लेवे के आरोप रहे। एकरा पहिले दु दिन तक झारखंड के राजनीति में लगातार गहमागहमी बनल रहल। बियफही से चरचा रहे कि हेमंत सोरेन के सदस्यता पs निर्वाचन आयोग के रिपोर्ट राजभवन पहुंच गइल बाड़े। हालांकि, राज्यपाल रमेश बैस से रांची स्थित बिरसा मुंडा एयरपोर्ट पs जब एह संबंध में पूछल गइल, तs ऊ कहले कि उनका एकर कवनो जानकारी नइखे।

राजभवन आज जारी कइलस आपन फसीला

एकरा बाद उम्मीद कइल जात रहे कि राजभवन पहुंचके राज्यपाल निर्वाचन आयोग के फसीला के बारे में कवनो  जानकारी दिहें। बाकिर, देर साँझ ले राजभवन से एह संबंध में कवनो जानकारी ना दिहल गइल। बतावल गइल कि राज्यपाल एह ममिला में कानूनी सलाह ले रहल बाड़े।आखिरकार सुक के साँझि के राज्यपाल आपन फसीला सुना देले।

सीएम आवास पs भइल यूपीए विधायकन के बइठक

दूसरा तरफ, हेमंत सोरेन के आवास पs सुक के संयुक्त प्रगतिशील गठबंधन (यूपीए) के सब विधायकन के बोलावल गइल। मुख्यमंत्री आवास में यूपीए विधायक दल के बैठक भइल। विधायकन आ मंत्रियन के बैठक के बाद कहल गइल कि समूचा यूपीए एकजुट बा। सरकार के कवनो खतरा नइखे। राजभवन से पत्र अइला के बाद आगे के रणनीति तय कइल जाई।

भाजपा के 16 विधायक हमनी के संपर्क में

यूपीए विधायक दल के बैठक के बाद झामुमो के प्रवक्ता सुप्रियो भट्टाचार्य ई कहके सनसनी फइला देले कि भारतीय जनता पार्टी के 16 विधायक उनका पार्टी के संपर्क में बा लो। ऊ कहले कि भाजपा के एगो सांसद के वजह से विधायकन में नाराजगी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]