[the_ad_group id="30365"]

बनारस के बाढ़ क्षेत्र में फंसल बाड़ी 500 से बेसी गर्भवती महिला लोग स्वास्थ्य विभाग उठवलस ई कदम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बनारस में गंगा में आईल बाढ़ के कारण जहवाँ लोग अपने घर के छोड़के बाढ़ राहत शिविर में रहे खातिर मजबूर बानें उहवें बाढ़ ग्रस्त इलाका में 500 से अधिक गर्भवती महिला रह रहल बाड़ी। एहमें 100 से बेसी अइसन महिला लोग बाड़ी जेनकर एक महीना के भीतर प्रसव होखे के बा। स्वास्थ्य विभाग के ओर से गर्भवती महिला लोगन के सूची तैयार कs के उनके बेहतर इलाज देहलें के तैयारी चल रहल बा।

ब्लॉकवार गर्भवती महिला लोग के सूची तैयार कsके उनकर निगरानी के जिम्मेदारी आशा के देहल गइल बा। सीएमओ डॉ. संदीप चौधरी बतवलें कि बाढ़ प्रभावित क्षेत्र के गर्भवती महिला लोग के चिह्नित क लिहल गइल बा। एहमें दू श्रेणियां बनावल गइल बा। पहिला सूची में 150 अइसन गर्भवती शामिल बा लोग, जिनकर एक माह के भीतर प्रसव होखे के बा।

जबकि दूसरका सूची में बाढ़ प्रभावित क्षेत्र में रह रहल लगभग 400 दूसर गर्भवती महिला बाड़ी। बाढ़ प्रभावित क्षेत्रन के गर्भवती महिला लोग के उपचार अउरी सुरक्षित प्रसव करवलें के हरसंभव प्रयास कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]